For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

चार लइकियन के कइसे होई परवरिश, पिता के जहरीली शराब पियला से मौत

10:36 AM Oct 21, 2024 IST | Sonu Kishor
चार लइकियन के कइसे होई परवरिश  पिता के जहरीली शराब पियला से मौत
शिव कुमारी देवी आ उनकर चार गो बेटी
Advertisement

सारण जिला के मशरक के पिलखी गांव में जहरीला शराब पियला से पति के मौत के बाद चार लइकी के पालन पोषण के सवाल विधवा खातिर बड़ समस्या बन गइल बा। पिलखी गांव निवासी प्रदीप साह उम्र 40 साल पिता बद्री साह के जहरीला शराब पीये के चलते मौत हो गइल। जिनकर उमिर 16,14,12 आ 10 साल बा। विधवा शिव कुमारी देवी के हालत खराब बा, अपना परवरिश के चिंता के चलते रोवत बाड़ी।

Advertisement

परिवार के लोग बतवले कि मरेवाला आदमी मकान निर्माण के काम में मजदूर के रूप में काम करत रहलें अउरी काम करत रहले। शराब पी के आके सुत गइले आ जब उनकर स्वास्थ्य बिगड़ गइल तऽ उनका के इलाज खातिर सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र मशरक में भर्ती करावल गइल, जहां से उनका के सदर अस्पताल रेफर कऽ दिहल गइल। उहाँ से पटना पीएमसीएच ले जाए के दौरान मौत हो गइल।

मरेवाला पिता अपना सुखी परिवार के मुसीबत में छोड़ के चल गइले। पत्नी शिव कुमारी देवी बतवली कि उऽ खुद गांव के नहर पऽ शराब के सेवन कइले बाड़े। चार गो लइकी के पालन पोषण के चिंता उनका के बेसी परेशान करऽता।

Tags :
Advertisement