For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Howrah Mumbai Mail Accident: हावड़ा-मुंबई मेल मालगाड़ी से टकराइल, 20 गो कोच क्षतिग्रस्त; 2 के मौत आ कई गो घायल

08:06 AM Jul 30, 2024 IST | Sonu Kishor
howrah mumbai mail accident  हावड़ा मुंबई मेल मालगाड़ी से टकराइल  20 गो कोच क्षतिग्रस्त  2 के मौत आ कई गो घायल
Advertisement

Howrah Mumbai Mail Accident: घना जंगल रात के सन्नाटा आ अचानक ट्रेन में तेज झटका। झारखंड के चक्रधरपुर रेल मंडल के बाराबंबू के लगे मंगर के सबेरे 343 बजे हावड़ा-मुंबई मेल (12810) के 20 कोच मालगाड़ी से टकरा के पटरी से उतर गइल। राजखरसावन आ बदाबम्बू स्टेशन के बीच किलोमीटर नम्बर 298/21 पs भइल हादसा। एह भयावह हादसा में बहुते यात्री घवाहिल हो गइल बाड़े। 2 लोग के मौत के खबर बा।

Advertisement

चक्रधरपुर: चक्रधरपुर रेलवे संभाग के बदाबम्बू रेलवे स्टेशन के लगे एगो बड़हन रेल दुर्घटना हो गइल बा। हावड़ा-मुंबई मेल के मालगाड़ी से टकरा गइल। अबहीं ले एह हादसा में दू गो मौत के खबर बा। जबकि बहुत यात्री गंभीर रूप से घायल हो चुकल बाड़े।

जानकारी के मोताबिक ई/एन/जेबीसीटी नाम के मालगाड़ी बाराबंबू अवुरी राजखरसावन स्टेशन के बीच पोल नंबर 299/3 के नजदीक पटरी से उतरल रहे।

एह मिडिल अप रेल लाइन से तेज रफ्तार से आवत हावड़ा-मुंबई मेल के इंजन पटरी से उतरल मालगाड़ी के डिब्बा से टकरा गइल। जवना के चलते इंजन, एसी आ स्लीपर समेत मुंबई मेल के करीब 20 कोच पटरी से उतर गइले आउर कुछ कोच एक दूसरा पs दौड़ गइल।

सबेरे 3.45 बजे के घटना

मौका पs मुंबई मेल एक्सप्रेस ट्रेन के इंजन ड्राइवर के विंडशील्ड पs माल ट्रेन के तिरपालो देखाई देलस। जवना के चलते लागता कि एक्सप्रेस के ड्राइवर के एह घटना के दौरान आगे कुछ ना देखाई देले रहे मंगर के सबेरे 3:45 बजे इ भइल घटना।

शौचालय में फंसल 2 यात्री के लाश

एह घटना में अबही तक मिलल जानकारी के मोताबिक मुंबई मेल के दु यात्री के लाश एसी कोच के शौचालय में फंसल बा। एकरा अलाला कुछ यात्री एसी कोचो में फंसल हो सकऽ ताड़े। धायलन के संख्या साफ नइखे, बाकिर धायलन के चक्रधरपुर रेलवे अस्पताल भेजल जाता।

रेलवे जारी कइलस हेल्पलाइन नंबर।

घटना के जानकारी मिलला पs ट्रेन कंट्रोल रूम चक्रधरपुर से हूटर के आवाज सुनाई देलस आ आकस्मिक राहत वैन के घटना स्थल पs भेज दिहल गइल। एकरा संगे घटना स्थल से धायल लोग के एम्बुलेंस के माध्यम से इलाज खाती चक्रधरपुर रेलवे अस्पताल भेज दिहल गइल।

घटनास्थल से रेलवे यात्रियन के बस में लाद के स्टेशन भेज देले बिया। मौका पs चक्रधरपुर रेलवे संभाग के एडीआरएम विनय कुजुर, वरिष्ठ डीएससी पी शंकर कुट्टी, वरिष्ठ डीसीएम आदित्य कुमार चौधरी, चक्रधरपुर अनुमंडल जिला पुलिस एसडीपीओ पारस राणा आदि मौजूद बाड़े।

रेल दुर्घटना : यात्रियन खातिर हेल्पलाइन नंबर जारी

दक्षिण पूर्वी रेलवे यात्रियन के सहायता खातिर हेल्पलाइन नंबर जारी कइले बा।

हेल्पलाइन नंबर:

टाटानगर (बीएसएनएल)- 0657-2290324

रेलवे: 73523

चक्रधपुर (बीएसएनएल)- 06587-238072

रेलवे: 72770

राउरकेला:

0661-2501072

0661-2500244

0661-2500191

0661-2500171

झारसुगुड़ा: 06645-272530

Tags :
Advertisement