टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

गोरखपुर में आपत्तिजनक वीडियो भेज तुड़ववलस बियाह, देलस धमकी- 'तुs हमार ना भइलु तs केहू आउर के ना होखे देम'

11:12 AM Jul 14, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

शाहपुर इलाका के एगो जुवती के बियाह मनचला ओकर होखे वाला पति के आपत्तिजनक वीडियो आ फोटो देखाके तुड़वा देलस। एकरा बादो ऊ जुवती के धमकी दे रहल बा कि तुs हमार ना भइलू तs केहू अउरियो के ना होखे देम। एसपी सिटी के आदेस पs सुक के रात शाहपुर पुलिस गुलरिहा इलाका के भटहट इस्थित चिलबिलवा निवासी इरशाद खान के खिलाफ केस दर्ज कs के जांच कs रहल बिया।

Advertisement

जानकारी के मोताबिक, शाहपुर इलाका के पीड़िता के पिता एसपी सिटी के प्रार्थनापत्र देके बतवलें कि भटहट के चिलबिलवा निवासी इरशाद खान के ओकरा मोहल्ला में ननिहाल बा।

ऊ कइयन बरिस से अपना नानी के घरे रहेला। एही वजह से ऊ जुवती के घरे आवत रहे आ उनका परिवार के सदस्यन से बातचीत करत रहे। एही दौरान जुवती के पिता बेटी के अप्रैल में रामगढ़ताल इलाका के एगो मोहल्ला में तय कs देलें।

आरोप बा कि बियाह के जानकारी होखतही इरशाद जुवती के होखे वाला पति के घरे पहुंच गइल आ एडिट कs के आपत्तिजनक वीडियो आउर फोटो देखाके बियाह तुड़वा देलस। एकरा बाद ऊ मुंबई फरार हो गइल आ उहां से फोन कs के जुवती के धमकी देवे लागल।

आरोप बा कि 14 जून के जुवती बहिन के संगे छत पs टहलत रहे। एह दौरान आरोपी जान मारे के नीयत से चाकू लेके पहुंच गइल। जुवती ओकरा के कवनो तरे पकड़ लेलस आ परिजनन के जानकारी देलें। परिजन छत पs पहुंचल लो तs आरोपी छत से कूदके फरार हो गइल। भागत घरी धमकियो देलस कि पुलिस के सूचना देला पs बाप-बेटी के हत्या कs देम।

Tags :
Bhojpuri NewsCrime NewsEdited VideoFlirtorious youth broke Marraige of a girlgorakhpur newsThreat to kill girl and her father
Advertisement
Next Article