टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

बारबाडोस में फंसल टीम इंडिया, भयंकर तूफान के कारन उड़ान रद्द, बिजली-पानी के सप्लाईयो प्रभावित

09:45 AM Jul 02, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

बारबाडोस में टीम इंडिया के टी-20 विश्व कप के खिताब जीते के पूरा देश इंतजार करत बा. हालांकि बारबाडोस के मौसम के चलते इs इंतजार अवुरी लंबा हो गईल बा। असल में बारबाडोस में आइल तूफान के चलते भारत के भारतीय टीम आ मीडिया के लोग बारबाडोस में फंसल बा. एही बीच बारबाडोस के मौसम के हालत के लेके परेशान करे वाला खबर सामने आ रहल बा।

बिजली अवुरी पानी के आपूर्ति भी प्रभावित भईल

मंगल के दिने मिलल अपडेट के मुताबिक बारबाडोस देश में आइल तूफान के चलते बिजली आ पानी के आपूर्ति बहुते प्रभावित भइल बा. तूफान के संगे बारबाडोस में भी तेज हवा अवुरी बरखा भईल बा। देश में कर्फ्यू के चलते सभ उड़ान रद्द कs दिहल गईल बा। एही कारण से भारत के भारतीय टीम आ मीडिया के लोग बारबाडोस में फंसल बा.

जय शाह का कहले?

बीसीसीआई के सचिव जे शाह बारबाडोस में मीडिया से बात करत अपना बयान में कहले कि उहाँ मौजूद खिलाड़ी अवुरी मीडिया के लोग के सुरक्षित तरीका से निकाले के योजना बनावत बाड़े। हमनी के सोमार के इहाँ से भारतीय खिलाड़ी अवुरी बाकी सभ लोग के चार्टर्ड प्लेन के माध्यम से ले जाए के योजना रहे लेकिन ओकरा से पहिले हवाई अड्डा बंद हो गईल रहे।

भविष्य के योजना का बा?

जय शाह आगे जानकारी देले बाड़े कि हमनी के योजना अमेरिका चाहे यूरोप में ईंधन भरला के बाद सीधा भारत उड़ान भरे के बा। हमनी के हवाई अड्डा के अधिकारी के संपर्क में बानी। मंगल के दुपहरिया ले हवाई अड्डा बंद रहे के संभावना बा। अगर मौसम में काफी सुधार होखे तबे इs अउरी पहिले खुल सकेला।

 

 

 

 

 

 

 

 

Tags :
CycloneROHIT SHARMAT20 World Cup 2024team india
Advertisement
Next Article