टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

अमेरिका में तबाही मचा सकेला तूफान मिल्टन, हजारन गो फ्लाइट रद्द; जारी कइलस अलर्ट

10:17 AM Oct 09, 2024 IST | Minee Upadhyay
तूफान: फोटो
Advertisement

 

Advertisement

दस दिन में दुसरका बेर अमेरिका में बड़हन तूफान आवे वाला बा. फ्लोरिडा में मिल्टन तूफान के लेके अलर्ट जारी कईल गईल बा। राष्ट्रीय तूफान केंद्र एकरा के सबसे विनाशकारी तूफान के श्रेणी 5 में रखले बा। एह श्रेणी के तूफान के चलते जान-माल के भारी नुकसान के खतरा बा। बुध के दिने यानी आजु फ्लोरिडा के ताम्पा बे में मिल्टन तूफान आ सकेला. अधिकारियन के आदेश एह तूफान के चलते टैम्पा बे इलाका से दस लाख से अधिका लोग के खाली करावे के आदेश दिहल गइल जवना के चलते भारी जाम आ ईंधन के कमी हो गइल.

हवाई यातायात प्रभावित 

एह तूफान से टैम्पा खाड़ी के उत्तर आ दक्खिन में समुद्र तट पर 10 से 15 फीट ऊँच लहर पैदा होखे के अनेसा बा. अमेरिकी राष्ट्रीय तूफान केंद्र 254 मिमी भा ओकरा से अधिका बरखा के अनुमान लगा दिहले बा आ बाढ़ के खतरा भी बनल बा. आंधी के चलते हवाई यातायात बहुत प्रभावित भईल बा, जवना के चलते करीब 900 घरेलू अवुरी अंतरराष्ट्रीय उड़ान में देरी भईल बा। बुध के दिने होखे वाला 1500 से अधिका उड़ान रद्द कs दिहल गइल बा.

फ्लोरिडा के तटीय इलाका के खाली कs दिहल गइल

मिल्टन तूफान फिलहाल मेक्सिको के खाड़ी से गुजर रहल बा। मंगल ले आंधी के गति करीब 285 किलोमीटर प्रति घंटा रहे। एही बीच फ्लोरिडा के तटीय इलाका के खाली कs दिहल गइल बा. करीब 5 लाख लोग के सुरक्षित जगह पs पहुंचावल गईल बा। एकरा से पहिले हेलेन तूफान अमेरिका में तबाही मचवले रहे। हेलेन तूफान के चलते कम से कम 225 लोग के जान चल गईल।

 

 

Tags :
AmericaCycloneFloridaHurricane
Advertisement
Next Article