टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

पति दुबई से व्हाट्सएप पर 3 तलाक देलख, देवर हलाला के नाम पर शारीरिक शोषण कइलख! 5 के खिलाफ प्राथमिकी

01:55 PM Jul 13, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

ट्रिपल तलाक समाचार : शादीशुदा महिला के आरोप बा कि दुबई से ओकर पति व्हाट्सएप पs ट्रिपल तलाक देलख। शिकायत के बाद पति आपन गलती कबूल कs के फेर से बियाह कs के पहिले नियन पत्नी बना के राखे के तैयार हो गइल। शरीयत के मुताबिक,पत्नी देवर के संगे हलाला कs के फेर से बियाह कs सकत बिया । बाकी हलाला के बाद भी ओकर देवर ओकर यौन शोषण करत रहल। शादीशुदा महिला जब अपना देवर के हरकत के शिकायत अपना पति से कइलस तs आरोप बा कि पति ओकरा के फेर से तलाक दे देलख।

Advertisement

उत्तर प्रदेश के बरेली में एगो शादीशुदा महिला के आरोप बा कि दुबई से व्हाट्सएप पs उनकर पति तिबारा तलाक देलख। पुलिस में शिकायत कइला के बाद पति आपन गलती कबूल कs के फेर से बियाह कs के पहिले नियन पत्नी बना के राखे के तैयार हो गइल। आरोप बा कि एकरा खातीर शरीयत के मुताबिक पति पत्नी के देवर के संगे हलाला कs के फेर से बियाह कs लेले। बाकी हलाला के बाद भी ओकर देवर ओकर यौन शोषण करत रहल। शादीशुदा महिला जब अपना देवर के हरकत के शिकायत अपना पति से कईलस तs आरोप बा कि पति ओकरा के फेर से तलाक दे देलख। अब बियाहल महिला के शिकायत पs पुलिस ओकरा पति आ देवर समेत पांच लोग के खिलाफ प्राथमिकी लिखले बिया।

घटना बरेली जिला के कैंट थाना क्षेत्र के एगो गांव में भइल बा। एही गांव के बियाहल महिला पुलिस के बतवलख कि ओकर प्रेम संबंध ओही गांव के एगो युवक से भइल रहे। दुनु जाना के बियाह कइल चाहत रहे बाकी प्रेमी के परिवार पांच लाख रुपया के दहेज आ बाइक के मांग करत रहे। जवना के चलते बियाह ना होखे दिहल जात रहे। बियाहल महिला कहतिया कि ओकर प्रेमी ओकरा के बतकही में फंसवले आ ओकर माई-बाबूजी एक लाख रुपया लेके बियाह कs लेले।

बियाहल महिला के मुताबिक, ओकर ससुराल के लोग ए बियाह से खुश ना रहले। ऊ लोग परेशान करे लगले। 2021 में ओकर पति दुबई चल गइल। कवनो मुद्दा पs विवाद के बाद पति दुबई से व्हाट्सएप मैसेज के माध्यम से ट्रिपल तलाक देलख। बियाहल महिला जब ए बात के शिकायत करे थाना पहुंचल तs ओकर ससुराल के लोग कहले कि ओकरा के अपना पति के संगे राखब। बाकी शरीयत के मुताबिक दूसरा निकाह तबे होई जब एकरा के हलाला करे के होई। एकरा खातीर बियाहल महिला के बियाह अपना देवर से भइल रहे।

एकरा बाद ओकर बियाह 19 जुलाई 2022 के फेर से ओकरा पति से भइल। आरोप बा कि बियाह के बाद भी देवर ओकर शारीरिक शोषण करत रहल। जनवरी में जब ऊ अपना पति के पूरा कहानी सुनवलख तs ऊ फेर से तलाक दे देलख आ घर से भी बाहर निकाल देलख। आरोप बा कि अब ससुराल के लोग फेर से हलाला चलावे के दबाव बनावत बाड़े। ताकि ओकर बियाह तीसरा बेर भी अपना पहिला पति से हो सके।

Tags :
halalaKhabar Bhojpur NewsKhabar bhojpurishariyatteen talaktriple talak
Advertisement
Next Article