For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

पति के इंतकाम: पत्नी के दूसरे पुरुष से रहे संबंध, अंतिम बेर बंद कमरा में बुलवलस... गेट खुलते सब रह गइल सन्न

09:51 PM Jan 26, 2024 IST | Minee Upadhyay
पति के इंतकाम  पत्नी के दूसरे पुरुष से रहे संबंध  अंतिम बेर बंद कमरा में बुलवलस    गेट खुलते सब रह गइल सन्न
Advertisement

उत्तर प्रदेश के महाराजगंज के पनियरा थाना क्षेत्र के धंगरहवा टोला में ससुराल आईल पति अपना पत्नी के लाठी से पीट-पीट के हत्या कs देले। ओकर प्रेमी के पीट-पीट के घायल कs दिहले। सूचना मिलला के बाद पनियरा पुलिस मौका पs पहुंच के लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातीर भेज देलस। उनुकर प्रेमी के इलाज खातीर अस्पताल में भर्ती करावल गईल। संगही आरोपी पति के गिरफ्तार कs लिहल गईल बा।

Advertisement

पनियरा थाना क्षेत्र के निवासी एगो भिखारी मेरठ में अरविंद के संगे अपना बेटी संगीता के बियाह कs लेले रहे। जहां से संगीता अपना तीन मासूम बच्चा के छोड़ के तीन महीना पहिले अपना प्रेमी के संगे चल गईल रहली। संगीता अपना प्रेमी के संगे अपना मातृगृह में गईली अवुरी अपना पति के भी मातृगृह में बोलवली। जहां संगीता के पति तीन मासूम बच्चा के संगे पहुंचले।

संगीता के समझवलस कि भूला जा कि भइल का, अब अपना लइकन के लेके हमरा साथे रहऽ। उs अपना प्रेमी के इहो समझवली कि अब इहाँ से चल जाए के चाही, फिर भी दुनो लोग एक संगे रहे पs अड़ल रहले। एकरा बाद अरविंद अपना पत्नी संगीता के मनावे खातिर एगो कमरा में चल गईले। कहल जा रहल बा कि अरविंद समझवले के कोशिश में अपना के फांसी लगा देले।

एकरा बाद संगीता उनकर निहोरा मान लिहली आपन ससुराल जाए के तइयार हो गइली। फांसी से उतरला के बाद संगीता फेर अपना प्रेमी के संगे रहे के जिद कईली। एs मामिला के लेके भईल बकझक के दौरान अरविंद अपना पत्नी संगीता के लाठी से पीट-पीट के हत्या कs देले अवुरी ओकरा बाद उनुका प्रेमी के हत्या के कोशिश कईले, लेकिन उनुकर ससुराल के लोग ओकरा के बचा लेले।

घटना के अंजाम देला के बाद आरोपी अरविंद खुद पनियरा पुलिस के फोन कs के सूचना देवे लगले, लेकिन बात ना कs पवले। गांव के कुछ लोग जब पनियरा पुलिस के इs जानकारी देले तs पनियरा पुलिस मौका पs पहुंच के लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातीर भेज देलस अवुरी जांच शुरू कs देलस। सीओ सादर आभा सिंह बतवले कि आरोपी के गिरफ्तार कs लिहल गईल बा। मामिला के जांच कईल जाता।

साभार- इंडिया tv

Tags :
Advertisement