For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

‘हम कुछुओ सुन नइखी पावत..’, अल्का याग्निक भइली एह रेयर बीमारी के शिकार, कहली- हमरा खातिर दुआ करीं

09:26 PM Jun 18, 2024 IST | Sonu Kishor
‘हम कुछुओ सुन नइखी पावत  ’  अल्का याग्निक भइली एह रेयर बीमारी के शिकार  कहली  हमरा खातिर दुआ करीं
Advertisement

दिग्गज गायिका अलका याग्निक (Alka Yagnik) बतवली कि उनका एगो रेयर सेंसरी न्यूरल नर्व हियरिंग लॉस (Rare Sensory Neural Nerve Sensory Loss) के पता चलल बा। इंस्टाग्राम पs अपना पोस्ट में उऽ बतवली कि इहे कारण रहे कि उऽ कुछ समय से गायब रहली। उऽ इहो बतवली कि ई अचानक बड़ झटका उनका के चौंका देलस आ उहो एकरा से उबरे के कोशिश कर रहल बाड़ी।

Advertisement

अलका याग्निक के इस हालत के बारे में जान के फैन्स अब चिंतित बाड़े। आउर का कहली अलका याग्निक चली रउआ के बताव तानी।

पोस्ट शेयर कऽ के बतवली परेशानी

17 जून के अलका आपन एगो तस्वीर शेयर कइली आ सब कोई से समर्थन के निहोरा कइली। उऽ लोगन से उनका खातिर प्रार्थना करे के कहली। काहेकि उऽ फेर से स्वस्थ होखे के उम्मीद करऽ ताड़ी। पोस्ट शेयर करत घरी उऽ लिखली, " हमार सभ प्रशंसक, दोस्त, फॉलोवर्स आ शुभचिंतकन खातिर - कुछ हफ़्ता पहिले, जब हम एगो फ्लाइट से बाहर निकलनी, तऽ हमरा अचानक बुझाइल कि हम कुछओ सुन नइखी पावत। एह घटना के बाद के हफ़्तन में कुछ हिम्मत जुटाके, हम अपना सब दोस्तन आ शुभचिंतकन खातिर अब आपन चुप्पी तोड़ल चाहऽ तानी, जे हमरा से पूछ रहल बा कि हम एक्शन में काहे गायब बानी"।

उऽ आगे कहली, "हमार डॉक्टर वायरल अटैक के कारण एगो रेयर सेंसरी न्यूरल नर्व हियरिंग लॉस के रूप में एकर डायगनोज कइलें... एह अचानक, बड़ झटका हमरा के पूरा तरे चौंका देलस। जइसे कि हम एकरा से उबरे के प्रयास कर रहल बानी, निहोरा बा कि हमरा खातिर प्राथना करीं"।

लोगन के कइली सावधान

अलका ने लोगन से तेज़ आवाज़ वाला म्यूजिक आ हेडफ़ोन के संपर्क में आवे से सावधान रहे के निहोरा कइली। "अपना फैंस आ युवा कलीग्स खातिर, हम कहब बहुत तेज़ आवाज़ वाला संगीत आ हेडफ़ोन के संपर्क में आवे से सावधानी बरतल जाव। रउआ सभे के प्यार आ समर्थन के साथे हम अपना जीवन के फिर से व्यवस्थित करे आ जलदिए रउआ सभे के सोझा वापस आवे के उम्मीद कर रहल बानी। एह महत्वपूर्ण समय में राउर समर्थन आ समझ हमरा खातिर बहुत मायने राखऽता"।

Tags :
Advertisement