टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

"हमरा तऽ लैंडिंग अइबे ना करे" उड़त फ्लाइट के पायलट के बात से मचल हड़कंप

11:33 AM Aug 21, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

कल्पना करीं कि रउरा कवनो फ्लाइट में सफर करत बानी। अचानक पायलट कॉकपिट से बाहर निकल के यात्री लोग के बतावेला कि ओकरा के विमान उतरे के प्रशिक्षण नइखे मिलल। अइसना में यात्री के हालत का होई? उड़ान के भीतर के माहौल कइसन होई? सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म रेडिट पs इहे अनुभव एगो यात्री साझा कइले।

Advertisement

यात्री लिखले बा कि उऽ 8 अगस्त के पोर्टलैंड से जैक्सन होल खातिर उड़ान भरले रहले। बाकिर अचानक उनका पता चलल कि पायलट के विमान उतरे के तरीका ना आवे।

उऽ आगे बतावत बाड़े कि पायलट फ्लाइट में मौजूद सभ यात्री के बतवले कि उ जैक्सन होल में फ्लाइट ना उतार पवले। हमनी के आपन फ्लाइट यूटा के साल्ट लेक सिटी खातिर डायवर्ट करे के पड़ी। हम रउरा सभे के अउरी जानकारी देत रहब।

उपयोगकर्ता आगे बतवले कि आखिरकार विमान साल्ट लेक पs उतर गइल आ सभ यात्री के करीब एक घंटा इंतजार करे के पड़ल। कुछ घंटा बाद एगो नया पायलट आइल आ आखिरकार हमार फ्लाइट जैक्सन होल पर उतर गइल।

Tags :
AeroplaneFlite news
Advertisement
Next Article