For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

हम जहर खा लेनी': बुआ-चाचा के फोन कऽ के युवक कहलस इ बात, ओकरा बाद...

11:43 AM Sep 25, 2024 IST | Sonu Kishor
हम जहर खा लेनी   बुआ चाचा के फोन कऽ के युवक कहलस इ बात  ओकरा बाद
Advertisement

कोंडागांव जिला के माकड़ी थाना क्षेत्र के गांव जड़कोना में रहेवाला युवक अपना खेत में जहर खा के आत्महत्या कऽ लेलस। जहर खइला के बाद उऽ अपना बुआ -चाचा के फोन पs बतवले कि जहर खा लेले बानी। पीड़ित युवक के इलाज खातिर मेकाज में भर्ती करावल गइल, जहां इलाज के दौरान युवक के मौत हो गइल।

Advertisement

मामला के जानकारी देत परिवार के लोग पुलिस के बतवले कि जड़कोना निवासी राहुल सोरी पिता सोमारू सोरी 17 सितंबर के सबेरे अपना खेत में गइल रहले। जहां उऽ अपना बुआ सरिता के फोन पs बतवले कि खेत में जहर खा लेले बाड़े। एकरा अलावे उऽ अपना चाचा जीवन साहू के फोन कऽ के जहर खाए के बारे में भी जानकारी देले, जेकरा बाद परिवार खेत में पहुंचल, जहां युवक के मुंह से झाग निकलत देख के ओकरा के कोंडागांव अस्पताल पहुंचावल गइल। जहां से 19 सितंबर के मेकाज ले आवल गइल। इलाज के दौरान युवक के मौत हो गइल। जेकरा बाद लाश 25 सितंबर के पोस्टमार्टम के बाद परिजन के सौंपल गइल।

Tags :
Advertisement