For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

IAF: एयर मार्शल एपी सिंह बनलें वायुसेना के नया प्रमुख

04:38 PM Sep 30, 2024 IST | Sonu Kishor
iaf  एयर मार्शल एपी सिंह बनलें वायुसेना के नया प्रमुख
एयर मार्शल एपी सिंह बनले वायुसेना के नया प्रमुख - फोटो : X / @IAF_MCC
Advertisement

भारतीय वायुसेना के नया प्रमुख के तौर पs एयर मार्शल एपी सिंह आज कमान संभाल लेले। उनका के एयर चीफ मार्शल वीआर चौधरी ने कार्यभार सौंपले। एकरा से पहिले उऽ राष्ट्रीय युद्ध स्मारक पs दिवंगत वीरन के श्रद्धांजलि अर्पित कइले।

Advertisement

एयर मार्शल एपी सिंह भारतीय वायुसेना के नयका प्रमुख के रूप में कमान संभाल लिहले बाड़े। उनका के एयर चीफ मार्शल वी.आर.चौधरी के ओर से प्रभार सौंपल गइल बा। बता दी कि आज एयर चीफ मार्शल वीआर चौधरी सबेरे वायु भवन में पारंपरिक ‘वाक थ्रू’ करे से पहिले राष्ट्रीय युद्ध स्मारक पs दिवंगत नायक लोग के श्रद्धांजलि दिहलन। एकरा बाद वायुसेना के वायु योद्धा लोग के ओर से विदाई के रूप में उनका के औपचारिक गार्ड ऑफ ऑनर दिहल गइल।

Tags :
Advertisement