For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

IBPS RRB 2024 खातिर 9995 पदन पs निकलल भरती, लास्ट डेट 27 जून, 3 से 18 अगस्त तक होई प्रीलिम्स एग्जाम

02:05 PM Jun 26, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
ibps rrb 2024 खातिर 9995 पदन पs निकलल भरती  लास्ट डेट 27 जून  3 से 18 अगस्त तक होई प्रीलिम्स एग्जाम
Advertisement

देस भर के अलग-अलग क्षेत्रीय ग्रामीण बैंकन में ग्रुप ए आ बी पदन पs भरती जारी बा। एह पदन पs भरती खातिर आवेदन के आखिरी तारीख बिहान माने 27 जून बा। उम्मीदवार ऑफिशियल वेबसाइट ibps.in पs जाके अप्लाई कs सकत बाड़ें।

Advertisement

एमे मल्टीपर्पज ऑफिस असिस्टेंट (क्लर्क) के 5585 पद, ऑफिसर स्केल I के 3499 पद, ट्रेनी मैनेजर स्केल II के 21 आ ऑफिसर स्केल III के 129 पद सामिल बा।

एह भर्ती के माध्यम से एह बैंकन में मिली नौकरी :

  • पंजाब नेशनल बैंक
  • बैंक ऑफ बड़ौदा
  • केनरा बैंक
  • इंडियन बैंक
  • बैंक ऑफ इंडिया
  • सेंट्रल बैंक ऑफ इंडिया
  • इंडियन ओवरसीज बैंक
  • पंजाब एंड सिंध बैंक
  • यूको बैंक
  • यूनियन बैंक ऑफ इंडिया
  • बैंक ऑफ महाराष्ट्र

एजुकेशनल क्वालिफिकेशन :

बैचलर डिग्री/ सीए/ एलएलबी के डिग्री होखे के चाहीं।

आयु सीमा :

  • पद के अनुसार, 18 से 40 साल।
  • आरक्षित श्रेणी के उम्मीदवारन के ऊपरी आयु में छूट दिहल जाई।

एग्जाम डेट जारी :

आईबीपीएस के ओर से एह भर्ती खातिर कैलेंडर के माध्यम से परीक्षा के संभावित तारीख तय कइल जा चुकल बा। ऑफिस असिस्टेंट आ ऑफिसर स्केल 1 प्रीलिम्स एग्जाम के आयोजन 3, 4, 10, 17 आ 18 अगस्त के, ऑफिसर स्केल 2,3 - 29 सितंबर के आ आईबीपीएस क्लर्क प्रीलिम्स के आयोजन 24, 25 आ 31 अगस्त के कइल जाई।

सिलेक्शन प्रोसेस :

ऑफिसर स्केल-I : प्रीलिम्स एग्जाम, मेन एग्जाम, इंटरव्यू
ऑफिस असिस्टेंट : प्रीलिम्स एग्जाम, मेन एग्जाम
ऑफिसर स्केल -II आ III : रिटन एग्जाम, इंटरव्यू
फीस :

उम्मीदवारन खातिर फीस 850 रुपिया बा। हालांकि अनुसूचित जाति, अनुसूचित जनजाति आ उम्मीदवारन खातिर फीस 175 रुपिया बा।

सैलरी :

58,239 रुपिया प्रतिमाह।

अइसे करीं आवेदन :

एह भरती के लिंक एक्टिव होखला के बाद उम्मीदवार सेक्शन में एक्टिव कइल जाये वाला लिंक से एग्जाम के नोटिफिकेशन (IBPS RRB 2024 Notification) डाउनलोड कs सकी लो। संगही दिहल गइल आउर लिंक से सम्बन्धित एप्लीकेशन पेज पs जा सकी लो। आवेदन प्रक्रिया के अंतर्गत उम्मीदवारन के पहिले पोर्टल पसे रजिस्ट्रेशन करावे के होई। फेर रजिस्टर्ड डिटेल्स से लॉग-इन कs के आपन आवेदन (IBPS RRB Application 2024) सबमिट कs सकी लो।

Tags :
Advertisement