For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

UAE में हो सकत बा भारत के चैंपियंस ट्रॉफी मैच : टीम इंडिया के पाकिस्तान गइला पs संशय; एशिया कप खातिर टीम पाकिस्तान ना गइल रहे

09:17 AM Mar 16, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
uae में हो सकत बा भारत के चैंपियंस ट्रॉफी मैच   टीम इंडिया के पाकिस्तान गइला पs संशय  एशिया कप खातिर टीम पाकिस्तान ना गइल रहे
Advertisement

चैंपियंस ट्रॉफी 2025 पाकिस्तान में होई। भारत के इहां मैच खेलला पs संका बा। एह बीच एगो मीडिया रिपोर्ट में दावा कइल गइल बा कि इंटरनेशनल क्रिकेट काउंसिल (ICC) एकरा के एशिया कप के तरे ‘हाइब्रिड मॉडल’ पs करा सकत बा।

Advertisement

ICC के कार्यकारी बोर्ड के एगो सूत्र PTI से कहलस, जदि भारत सरकार टीम इंडिया के पाकिस्तान भेजल नइखे चाहत तs, ICC उहां के बोर्ड पs दबाव नइखे बना सकत। ओकरा विकल्प खोजे के होई।'

भारत के कहला पs एशिया कप के मैच श्रीलंका में भइल रहे

पिछलका साल एशिया कप के मेजबानी पाकिस्तान के मिलल रहे। तबो भारत के उहां ना गइला पs ई टूर्नामेंट ‘हाइब्रिड मॉडल’ पs भइल रहे। भारत के मुकाबला श्रीलंका में करावल गइल रहे। कोलंबो में भइल फाइनल मुकाबला में भारतीय टीम श्रीलंका के 10 विकेट से हराके चैंपियनशिप जीतले रहे।

पाकिस्तान में करीब 29 साल के लमहर इंतजार के बाद कवनो ICC टूर्नामेंट खेलल जाई। आखिरी बेर साल 1996 के वनडे वर्ल्ड कप के कुछ मुकाबला पाकिस्तान में खेलल गइल रहे।

पाकिस्तान में करीब 29 साल के लमहर इंतजार के बाद कवनो ICC टूर्नामेंट खेलल जाई। आखिरी बेर साल 1996 के वनडे वर्ल्ड कप के कुछ मुकाबला पाकिस्तान में खेलल गइल रहे।

शाह से आश्वासन लेवे के कोसिस करी पाकिस्तान बोर्ड

चैंपियंस ट्रॉफी पs बातचीत आईसीसीएक के बैठक के एजेंडा में नइखे, बाकिर PCB के नवनिर्वाचित अध्यक्ष मोहसिन नकवी कहले बाड़ें कि ऊ BCCI सचिव जय शाह आ ICC के शीर्ष अधिकारियों से बैठक से अलगा बात कs के आश्वासन लेवे के कोसिस करिहें।

ICC बोर्ड के एगो सदस्य कहलें कि भारतीय बोर्ड टूर्नामेंट के तारीख लगे अइला पs फैसला लीही, बाकिर UAE में एकरा आयोजन के संभावना से इनकार नइखे कइल जा सकत। सूत्र इहो कहलस कि ई एशिया कप जईसन उपमहाद्वीपीय टूर्नामेंट ना, बल्कि वैश्विक टूर्नामेंट हs। लिहाजा भारत सरकार नरम रुख अपना सकत बिया।

एशिया कप के दौरान भारतीय बोर्ड के अध्यक्ष रोजर बिन्नी आ उपाध्यक्ष राजीव शुक्ला पाकिस्तान गइल रहे लो।

टीम इंडिया के उहां जादे खतरा

पाकिस्तान गइला के सवाल पs BCCI के पूर्व पदाधिकारी कहलें कि हमनी के ई ना भूलाये के चाहीं कि ऑस्ट्रेलिया, न्यूजीलैंड भा इंग्लैंड के तुलना में भारतीय क्रिकेट टीम के खतरा के संभावना जादे बा। दरअसल, भारत आ पाकिस्तान के रिश्ता अभी ठीक नइखे। पाकिस्तान में बइठल आतंकियन के निशाना भारते पs रहेला। अइसन में भारत के खिलाड़ियन के पाकिस्तान में आतंकियन से खतरा हो सकत बा।

पाकिस्तान में श्रीलंका क्रिकेट टीम पs आतंकी हमला हो चुकल बा। हालांकि, एह हमला में कवनो प्लेयर भा सपोर्ट स्टाफ हताहत ना भइल रहे।

Tags :
Advertisement