For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Champions Trophy: बीसीसीआई के आपत्ति के बाद आईसीसी बदललस ट्रॉफी टूर के कार्यक्रम, PoK से ना निकली यात्रा

07:26 PM Nov 16, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
champions trophy  बीसीसीआई के आपत्ति के बाद आईसीसी बदललस ट्रॉफी टूर के कार्यक्रम  pok से ना निकली यात्रा
Advertisement

आईसीसी अगिला साल होखे वाला चैंपियंस ट्रॉफी के टूर कार्यक्रम में बदलाव कइले बा। भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) ट्रॉफी टूर पाकिस्तान अधिकृत कश्मीर (पीओके) में निकाले पs आपत्ति जतवले रहे, जवना के बाद क्रिकेट के वैश्विक संस्था संशोधित कार्यक्रम जारी कइले बा। जेमे पीओके सामिल नइखे। ट्रॉफी टूर अब कराची, रावलपिंडी, इस्लामाबाद आ खईबर पखतुनवा क्षेत्र से गुजरी।

Advertisement

ट्रॉफी टूर पाकिस्तान के राजधानी इस्लामाबाद से सुरू होई आ 17 नवंबर के तक्षशिला आउर खानपुर, 18 नवंबर के एबोटाबाद, 19 नवंबर के मुरी, 20 नवंबर के नाथिया गली आ 22 से 25 नवंबर के कराची में संपन्न होई। एकरा पहिले, 14 नवंबर के पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड (पीसीबी) एलान कइले रहे कि ऊ ट्रॉफी टूर निकाली जेमे स्कार्दू, मरी, हुंजा आ मुजफ्फराबाद जइसन शहरो सामिल बा।

भारत जतवले रहे आपत्ति

पीसीबी के ट्रॉफी टूर पीओके में निकलला पs भारत कड़ा आपत्ति जतवले रहे आ बीसीसीआई सचिव जय शाह आईसीसी के सोझा विरोध दर्ज करवले रहे। एक दिसंबर के आईसीसी के अध्यक्ष पद संभारे जा रहल जय शाह आईसीसी से कहले रहे कि ई अस्वीकार्य बा कि पीसीबी पीओके में ट्रॉफी दौरा के योजना बना रहल बा।

आउर देसन में घूमी ट्रॉफी

पाकिस्तान में यात्रा सुरू होखला के बाद ट्रॉफी टूर 26 से 28 नवंबर तक अफगानिस्तान, 10 से 13 दिसंबर तक बांग्लादेश, 15 से 22 दिसंबर तक दक्षिण अफ्रीका, 25 दिसंबर से पांच जनवरी 2025 तक ऑस्ट्रेलिया, छव से 11 जनवरी तक न्यूजीलैंड, 12 से 14 जनवरी तक इंग्लैंड आ 15 से 26 जनवरी तक भारत में रही। पाकिस्तान के अलावा जवन आउर देसन में जवन यात्रा निकाली ओकरा शहर के घोषणा बाद में कइल जाई।

पाकिस्तान चैंपियंस ट्रॉफी के गत विजेता हs। ऊ 2017 में लंदन के द ओवल में खेलल गइल खिताबी मुकाबले में भारत के हराके खिताब जीतले रहे। अगिला साल होखे वाला चैंपियंस ट्रॉफी के आयोजन पाकिस्तान में होखे के बा, बाकिर भारत एह टूर्नामेंट खातिर पड़ोसी देस के यात्रा करे से इनकार कs देले बा। आईसीसी पीसीबी के संगे मिलके एह मुद्दा के समाधान खोजे के कोसिस कs रहल बा। जेमे हाइब्रिड मॉडल के आधार पs चैंपियंस ट्रॉफी करावलो सामिल बा।

Tags :
Advertisement