टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

बांग्लादेश में बिगड़ल हालात से ICC के बढ़ल चिंता, एs बड़ टूर्नामेंट के दूसरे जगह शिफ्ट करे पs कs रहल बा विचार

09:12 AM Aug 06, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

पांच अगस्त के बांग्लादेश में आतंरिक सुरक्षा में अचानक गिरावट आईसीसी के चिंता भी बढ़ा देले बा। बांग्लादेश में शेख हसीना सरकार के खिलाफ बहुत दिन से विरोध प्रदर्शन देखल जात रहे, जवना के बाद सोमार 4 अगस्त के शेख हसीना अपना पद से इस्तीफा दे के देश छोड़ देली, जवना के चलते अचानक बहुत अराजक माहौल बन गईल। फिलहाल बांग्लादेश में ओहिजा के सेना अंतरिम सत्ता अपना कब्जा में ले लिहले बिया बाकिर 2 महीना बाद ओहिजा होखे वाला महिला टी-20 विश्व कप टूर्नामेंट में खिलाड़ियन के सुरक्षा के लेके आईसीसी बहुते चिंतित बा.

आईसीसी अबहियो बांग्लादेश के हालात पs नजर रखले बिया

महिला टी-20 विश्व कप 2024 के लेके बांग्लादेश के बिगड़त हालात पs आईसीसी लगातार पूरा नजर रखले बा। आईसीसी के एगो बोर्ड सदस्य ईएसपीएन क्रिकइंफो के दिहल बयान में कहले कि, आईसीसी बांग्लादेश क्रिकेट बोर्ड (बीसीबी), उनुकर सुरक्षा एजेंसी अवुरी हमनी के खुद के स्वतंत्र सुरक्षा सलाहकार के संगे लगातार संपर्क में बा अवुरी एs विकास के बारीकी से निगरानी करतिया। हमनी के प्राथमिकता सभ खिलाड़ियन के सुरक्षा बा। टूर्नामेंट शुरू होखे में अबहीं 7 हफ्ता बाचल बा एहसे एकरा के शिफ्ट करे पs कवनो बयान दिहल बहुते जल्दी हो सकेला.

आईसीसी भारत भा श्रीलंका में एह टूर्नामेंट के आयोजन करे पs विचार कs सकेला

एक ओर आईसीसी अबहियों बांग्लादेश के बिगड़त हालात पs नजर रखले बिया जबकि दोसरा तरफ ईएसपीएन के खबर के मुताबिक आईसीसी महिला टी-20 विश्व कप के आयोजन खातिर बैकअप के रूप में भारत, श्रीलंका भा यूएई के भी चुन सकेला कवनो दोसरा जगहा पs बा. बांग्लादेश में होखे वाला महिला टी-20 विश्व कप मैच के आयोजन ढाका आ सिलहट में होखे वाला बा जवना में पहिला मैच दू अक्टूबर के होखी जबकि आखिरी मैच 20 अक्टूबर के ढाका के शेर-ए-बांग्ला नेशनल स्टेडियम में होखी.

 

 

 

 

 

 

Tags :
bangladeshcricket newsICCICC Women World CupSPORTSsports news
Advertisement
Next Article