टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

T20 WC Prize Money: भारतीय टीम पs भइल पईसन के बरखा, उपविजेता द. अफ्रीका समेत बाकी टीमन के मिलल एतना राशि

01:40 PM Jun 30, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

भारत टी20 विश्व कप 2024 के खिताब जीत लेले बा। बारबाडोस में खेलल गइल फाइनल में टीम इंडिया दक्षिण अफ्रीका के सात रन से हरा देलस अब भारतीय टीम पs पईसन के बरखा भइल बा। टूर्नामेंट सुरू होखे से पहिलही आईसीसी प्राइज मनी के घोषणा कइले रहे। आईसीसी टूर्नामेंट में प्राइज मनी के बजट 93.51 करोड़ रुपिया (11.25 मिलियन यूएस डॉलर) रखले रहे, जवन कि एगो रिकॉर्ड बा। ई पिछला सब आईसीसी टी20 विश्व कप टूर्नामेंट से जादे बा। ओहिजा, पिछला साल भारत में भइल वनडे विश्व कप में प्राइज मनी के बजट 82.93 करोड़ रुपिया (10 मिलियन अमेरिकी डॉलर) रहे।

Advertisement

विजेता टीम के केतना प्राइज मनी मिलल?

आईसीसी के एलान के मोताबिक विश्व विजेता भारतीय टीम के 20.36 करोड़ रुपिया (2.45 मिलियन यूएस डॉलर) मिलल बा। पिछला कवनो टी20 विश्व कप टीम में विजेता टीम के एतना रुपिया ना मिलल रहे। एह साल रिकॉर्ड 20 टीम एह टूर्नामेंट में खेलले रहे। एह वजह से ई अब तक के सबसे बड़ टी-20 विश्व कप रहल। ओहिजा, फाइनल में हारे वाली टीम माने उपविजेता दक्षिण अफ्रीका के 10.64 करोड़ रुपिया (1.28 मिलियन अमेरिकी डॉलर) से संतोष करे के पड़ल। सेमीफाइनल खेलके बाहर होखे वाली टीमन के 6.54 करोड़ रुपिया (787,500 यूएस डॉलर) मिलल। एमे अफगानिस्तान आ इंग्लैंड के टीम सामिल बाड़ी सs।

सुपर-आठ राउंड से बाहर होखे वाली टीमन पs पईसन के बारिश

दूसरका दौर माने सुपर-8 राउंड के पार करे में नाकाम रहे वाली टीमन के 3.17 करोड़ रुपिया (382,500 यूएस डॉलर) मिलल। सुपर आठ राउंड से ऑस्ट्रेलिया, बांग्लादेश, वेस्टइंडीज आ अमेरिका के टीम बाहर हो गइल रहे। ओहिजा, नवा से 12वां स्थान पs रहे वाली टीमन के 2.05 करोड़ रुपिया (247,500 यूएस डॉलर) मिलल। 13वां से 20वां स्थान पs रहे वाली हर एक टीम के 1.87 करोड़ रुपिया (225,000 यूएस डॉलर) मिलल। एकरा अलावे हर एक टीम के टूर्नामेंट में एगो मैच जीतला पs अतिरिक्त 25.89 लाख रुपिया (31,154 यूएस डॉलर) दिहल गइल। एमे सेमीफाइनल आ फाइनल के मैच सामिल नइखे भइल। ई नियम सुपर-8 राउंड तक लागू बा।

कवना राउंड में केतना रुपिया मिली:

राउंड प्राइज मनी
विजेता (भारत)20.36 करोड़ रुपिया (2.45 मिलियन अमेरिकी डॉलर)
उप-विजेता (दक्षिण अफ्रीका)10.64 करोड़ रुपिया (1.28 मिलियन अमेरिकी डॉलर)
सेमीफाइनल में हरला पs
(अफगानिस्तान, इंग्लैंड)
6.54 करोड़ रुपिया (787,500 अमेरिकी डॉलर)
सुपर-8 राउंड से बाहर होखला पs
(ऑस्ट्रेलिया, बांग्लादेश, वेस्टइंडीज,
अमेरिका)
3.17 करोड़ रुपिया (382,500 अमेरिकी डॉलर)
9 से 12वां स्थान पs रहला पs2.05 करोड़ रुपिया (247,500 अमेरिकी डॉलर)
13 से 20वां स्थान पs रहला पs1.87 करोड़ रुपिया (225,000 अमेरिकी डॉलर)

 

टी20 विश्व कप में 20 टीम लेलस हिस्सा

टी20 विश्व कप में सुरुआती राउंड माने ग्रुप स्टेज में 40 मैच खेलल गइल। 20 टीमन के पांच-पांच के चार ग्रुप में बांटल गइल रहे। ग्रुप स्टेज में अपना-अपना ग्रुप पs शीर्ष पs रहे वाला दु टीम सुपर-8 में पहुंचली सs। एकरा बाद सुपर-8 राउंड के सुरुआत भइल। फेर सेमीफाइनल (पहिला मैच द. अफ्रीका आ अफगानिस्तान, दूसरका मैच भारत आ इंग्लैंड) आउरा 29 जून के बारबाडोस में फाइनल (भारत आ दक्षिण अफ्रीका) मैच खेलल गइल।

आईसीसी प्राइज मनी के एलान करत कहले रहे कि ई टूर्नामेंट कइयन मायनन में ऐतिहासिक बा, एह वजह से प्राइज मनी ऐतिहासिक रखल गइल बा। हमनी के एकरा के सबसे सफल टी20 विश्व कप बनावल चाहत बानी सs। आईसीसी एमे कामयाबो रहल। आतंकियन के तमाम धमकियन के बीच आईसीसी सफलतापूर्वक टूर्नामेंट के आयोजन कइलस।

Tags :
Bhojpuri NewsInd vs SANew T-20 World Cup ChampionsRain of Prize on Indian TeamT-20 World Cup 2024World Cup Prize Money
Advertisement
Next Article