टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

IND vs AUS: भारतीय टीम के वर्ल्ड कप ट्रॉफी जीतल तय! इ 5 संयोग दे रहल बा बड़ गवाही

09:11 AM Nov 19, 2023 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

आईसीसी वनडे विश्व कप फाइनल 2023 : वनडे विश्व कप 2023 के लड़ाई अंतिम दौर में पहुंच गईल बा। वनडे विश्व कप 2023 के आखिरी मैच भारत आ आस्ट्रेलिया के बीच होखी। एकरा से पहिले दुनो टीम वनडे विश्व कप 2003 के फाइनल खेलले रहे। अब 20 साल बाद दुनो टीम आमने-सामने बा। अबकी बेर भारतीय टीम के कमान रोहित शर्मा के हाथ में बा। आस्ट्रेलियाई टीम के कप्तान पैट कमिंस हउवें। भारत आखिरी बेर वनडे विश्व कप 2011 के खिताब महेंद्र सिंह धोनी के कप्तान में जीतले रहुवे। टीम इंडिया अबकी बेर भी खिताब जीत सकेले अवुरी पांच संजोग एकर बहुत बड़ गवाही बा।

1. नीदरलैंड क्वालीफाई कइले 

नीदरलैंड टीम वनडे विश्व कप 2011 में क्वालीफाई कs चुकल रहे। आ अब 12 साल बाद भी नीदरलैंड टीम विश्व कप में खेलले बिया। तबो टीम इंडिया मेजबान रहे आ अबकी बेर भी। मौजूदा विश्व कप में नीदरलैंड टीम बांग्लादेश आ दक्षिण अफ्रीका के हरा के एगो बड़हन परेशानी पैदा कइले बिया।

2. सीएसके खिताब जीत लिहलस

साल 2011 में महेंद्र सिंह धोनी के कप्तानता में चेन्नई सुपर किंग्स आरसीबी के हरा के खिताब जीतले रहे। अबकी बेर धोनी के कमान में सीएसके गुजरात टाइटन्स के हरा के खिताब जीत लिहले बिया। कुल मिलाके सीएसके के ई पाँचवा खिताब बा।

3. बांग्लादेश के खिलाफ कोहली के शतक

विराट कोहली वनडे विश्व कप 2011 में बांग्लादेश के खिलाफ शतक बनवले रहले। ओकरा बाद उ 100 रन के पारी खेलले। अबकी बेर भी कोहली बांग्लादेश के खिलाफ शतक बनवले आ 103 रन बनवले। कोहली मौजूदा विश्व कप में बेहतरीन फॉर्म में रहल बाड़न आ ऊ सबले बेसी रन बनावे वाला बाड़न।

4. पाकिस्तान के खिलाफ गेंदबाज 2-2 विकेट ले लिहले

वनडे वर्ल्ड कप 2011 में पाकिस्तान के खिलाफ पांच भारतीय गेंदबाज 2-2 विकेट लेले रहले। एहमें जहीर खान, आशीष नेहरा, मुनाफ पटेल, हरभजन सिंह आ युवराज सिंह शामिल रहले. अबकी बेर भी पाकिस्तान के खिलाफ पांच गेंदबाज 2-2 विकेट लेले बाड़े। एहमें बुमराह, मोहम्मद सिराज, हार्दिक पांड्या, कुलदीप यादव आ रविन्द्र जडेजा शामिल बाड़े.

5. स्पिनर हासिल कइले पांच विकेट

स्पिनर युवराज सिंह भी वनडे विश्व कप 2011 में 5 विकेट लेले रहले। उ आयरलैंड के खिलाफ अयीसन कईले। अबकी बेर स्पिनर रविन्द्र जडेजा दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ 5 विकेट ले लिहले बाड़न।

 

Tags :
ICC World Cup 2023Ind Vs AusIndia Vs Australia
Advertisement
Next Article