For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

बेंगलुरु के रामेश्‍वरम कैफे में भइल आईडी ब्लास्ट, नौ लो घायल

07:58 AM Mar 02, 2024 IST | Minee Upadhyay
बेंगलुरु के रामेश्‍वरम कैफे में भइल आईडी ब्लास्ट  नौ लो घायल
Advertisement

आईडी विस्फोट शुक के दुपहरिया एक बजे बेंगलुरु के रामेश्मवरम कैफे में भइल। एकरा में 9 लोग घायल हो गईले। जहवाँ विस्फोट भइल बा ओहिजा से पुलिस जरल बैग आ आईडी बरामद कs लिहलस। पहिले ओहिजा के स्थानीय प्रशासन एकरा के धमाका ना कहत रहे। जांच के बाद पता चलल कि आईडी ब्लास्ट भईल बा।

Advertisement

संगही पुलिस के कहनाम बा कि फोरेंसिक रिपोर्ट अईला के बाद ही पूरा मामिला के खुलासा होई। जानकारी के मुताबिक केहु बैग के कैफे में छोड़ देले रहे, जवना के बाद बैग में धमाका हो गईल। बता दीं कि बेंगलुरु में रामेश्मवरम कैफे बहुत मशहूर बा। इहाँ के ढोसा लोग के बहुत पसंद आवेला। दुपहरिया के समय इहाँ बहुत भीड़ लागेला। एहसे विस्फोट के समय भी दुपहरिया में रखल गईल।

रामेश्मवरम कैफे विस्फोट के बाद दीवार के शीशा चकनाचूर हो गइल। पहिले तs फायर ब्रिगेड के टीम के लागल कि सिलेंडर में धमाका भईला के बाद विस्फोट भईल बा। एकरा संगे ए मामिला में डीजीपी कहले कि विस्फोट के कारण के जांच कईल जाता। मामिला के जानकारी सरकार के दिहल गईल बा। रिपोर्ट अईला के बाद ही मामिला के पूरा खुलासा होई। एनआईए आ बम निरोधक दस्ता एकर जाँच करत बा।

Tags :
Advertisement