टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

भक्ति सांच होखे तs पलभर में मनोकामना होला पूरा : कथावाचक देवकीनंद 

05:04 PM Mar 10, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

गोपालगंज के कुचायकोट प्रखंड के खुटवनिया गांव में चल रहल सात दिवसीय महा रुद्र महायज्ञ से पूरा माहौल भक्तिमय हो गइल बा। हर-हर महादेव, जय श्रीराम के जयघोष से पूरा इलाका गुंजायमान हो गइल बा। ओहिजा, अंतरराष्ट्रीय कथावाचक देवकीनंद ठाकुर के प्रवचन के सुने खातिर लोगन के हुजूम उमड़ पड़ल बा। प्रवचन सुनावत घरी देवकी नंद ठाकुर बतवलें कि परमात्मा भक्तन से असीम स्नेह रखेलें। भक्ति सांच होखे तs पलभर में मनोकामना पूरा करलें।

Advertisement

एकरा खातिर मनुष्य के मोह के त्याग कs के भक्ति करे के चाहीं। अइसन करे से परमात्मा के आश्रम में आवे वाला अज्ञानी ज्ञान वान बन जाला। परमात्मा के दिहल ज्ञान कबो वापस ना जाला। एकरा संगही ऊ कहलें कीईश्वर सृष्टि के रचयिता हवे। उनका प्रति सभे के अटूट आस्था रखे के चाहीं।

ऊ आगे कहलें कि धरम हमनी के जिनगी में सही रास्ता पs चले के प्रेरणा देला। आज एह पंडाल में जेतना लोग मवजूद बा। आपन सारा काम भा कहे तs मोह माया के त्याग कs के आइल बा। ताकि कथा सुनके अपना जिनगी में कुछ बदलाव कs सके। ओहिजा कुछ अइसन लोग बा जे ई सोचत बा कि हमार ई काम बा, ऊ काम बा बाकिर ई काम कबो ओराए वाला नइखे। ई सब माया के बाजार हs।

साभार: दैनिक भास्कर

Tags :
Bhojpuri NewsCultural NewsGopalganj newsKathavachak DevakinnadKuchaikot NewsShrimad Bhagwat Geeta
Advertisement
Next Article