टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

UP: बड़ आदेस... सरकारी कर्मी ना कइल लो ई काम तs मानल जाई गैरहाजिर; दफ्तर में ना मिली एंट्री 

11:25 AM Oct 03, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

उत्तर प्रदेश में सरकारी अधिकारी आ कर्मचारियन खातिर नया आदेस आइल बा। मुख्य सचिव मनोज कुमार सिंह बुध से सुरू भइल 15 दिवसीय सड़क सुरक्षा अभियान के तहत सरकारी विभागन के कार्यालयन में हेलमेट आ सीट बेल्ट ना लगावे वाला कार्मिकन पs सख्ती बरते के निरदेस देले बा।

Advertisement

ऊ सार्वजनिक रूप से सबका सचेत करे आ कार्यालय परिसर में चेतावनी सूचक बोर्ड लगावहू के कहलें, ताकि पुनरावृत्ति होखला पs कार्यालय में उनकर प्रवेश निषेध करे के संगे अनुपस्थित मानल जाई। एकरा खातिर सुरक्षाकर्मियन आ सीसीटीवी के मदद लिहल जाई।

मुख्य सचिव कहलें कि सड़क दुर्घटना आ ओमे होखे वाली मौतन के बढ़त संख्या राज्य सरकार खातिर चिंता के सबब बा। एमे कमी लाना सर्वोच्च प्राथमिकतन में सामिल बा। लोगन के यातायात आ सड़क सुरक्षा नियमन के प्रति जागरूक कs के एमे कमी ले आवल जा सकत बा।

ओहिजा, धार्मिक आयोजनन के दौरान सड़कन पs जादे ट्रैफिक के मद्देनजर सब संबंधित विभाग सड़क सुरक्षा पखवाड़ा के आयोजन करिहें सs। ऊ सब स्कूल, कॉलेजन, विश्वविद्यालयन में बिना लाइसेंस आ हेलमेट के प्रवेश करे वाला विद्यार्थियन के रोड सेफ्टी क्लब के माध्यम से जागरूक करे के निरदेस देलें।

कहलें कि सब जिलन में तीन भा जादे सड़क दुर्घटना मृत्यु वाला ममिलन के जांच खातिर एगो जिला स्तरीय समन्वय समिति के गठन कइल जाव। समिति जिला के खतरनाक सड़कन के चिह्नित करी। नगर विकास विभाग सड़कन पs स्ट्रीट लाइट लगवाई।

इंटीग्रेटेड ट्रैफिक मैनेजमेंट सिस्टम वाला शहरन आ एक्सप्रेसवे पs कैप्चर कइल गइल यातायात नियमन के उल्लंघन के ममिलन में शत-प्रतिशत चालान कइल जाव। मुख्य सचिव कहलें कि पखवाड़ा के दौरान रोजाना सड़क किनारे अवैध रूप से खड़ा वाहनन, खराब वाहनन के सुरक्षित स्थानन तक पहुंचावल जाई आ लगातार गश्त कइल जाव।

Tags :
Bhojpuri Newsup news
Advertisement
Next Article