टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

बहुमत ना आई त प्लान B तैयार होई? अमित शाह , केजरीवाल के चुनाव प्रचार प बड़ बात कहले

09:43 AM May 17, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

अमित शाह के साक्षात्कार : गृहमंत्री अमित शाह समाचार एजेंसी एएनआई के साक्षात्कार देले बाड़े। एह दौरान उ बहुत सवाल के जवाब देले बाड़े। 'का भाजपा के बहुमत के निशान पे ना पहुंचे के स्थिति में कवनो प्लान बी बा?' एकर एगो रोचक जवाब उहाँ के देले बानी।

Advertisement

लोकसभा चुनाव का बीच देश के गृहमंत्री अमित शाह समाचार एजेंसी एएनआई के साक्षात्कार दिहले बाड़न । एह दौरान उ बहुत सवाल के जवाब देले बाड़े। ‘का भाजपा के बहुमत के निशान ना चहुँपे के हालत में कवनो प्लान बी बा?’ अमित शाह एह सवाल के बहुते रोचक जवाब दिहले बाड़न । उ कहले बाड़े कि 'प्लान बी तबे बनावे के जरूरत बा जब प्लान ए (सफल होखे के संभावना 60% से कम होखे)। हमरा पूरा विश्वास बा कि पीएम मोदी भारी बहुमत से सत्ता में अइहें...'

दिल्ली के सीएम अरविंद केजरीवाल के चुनाव प्रचार प केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह कहले कि, 'एगो मतदाता के तौर प हमार मानना बा कि उ जहां जइहे, लोग के शराब घोटाला के याद आई...दिल्ली में बहुत लोग के बड़ बोतल देखाई दिही।' अरविंद केजरीवाल के बयान में 'हमरा के वोट देब त हमरा जेल ना जाए के पड़ी', उ कहले कि, 'सुप्रीम कोर्ट के एकरा से बड़ तिरस्कार नइखे हो सकत। का सुप्रीम कोर्ट (चुनाव) जीत-हार के फैसला करी?'

भाजपा के '400 पार' आ संविधान बदले के अटकलबाजी प गृहमंत्री कहले कि, 'पिछला 10 साल से संविधान बदले खातीर हमनी के लगे बहुमत बा।' कबो अइसन ना भइल...हमार पार्टी के बहुमत के दुरुपयोग के इतिहास नइखे। बहुमत के दुरुपयोग के इतिहास, कांग्रेस इंदिरा गांधी के समय में कइले रहे।

साभार : ANI

Tags :
2024 loksabaha electionAmit shahArvind Kejariwal Delhi cmBhojpuri khabarBjp loksabhaKhabar Bhojpur NewsLoksabha 2024 Electionबड़ी khabar
Advertisement
Next Article