टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

IMD Weather Forecast Today: दिल्ली-एनसीआर में बरखा से बदलल मौसम, जानीं यूपी आ बिहार के हाल

09:45 AM Jul 13, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

दिल्ली-एनसीआर में बरखा से सुबह शुरू हो गइल। बारिश के कारन दिल्ली एनसीआर के मौसम सुखद रहेला। रात ले दिल्ली-एनसीआर में नमी देखाई देत रहे। हालांकि सबेरे के शुरुआत बरसात से भईल अवुरी मौसम सुखद हो गईल। मौसम विभाग के मुताबिक दिल्ली-एनसीआर में शनिचर अवुरी रविवार के हल्का बरखा के संभावना बा। दिन भर मौसम सुखद रही। दिन में अलग-अलग जगह पs रुक-रुक के हल्का बरखा देखाई दिही। आजु दिल्ली में अधिकतम तापमान 35 डिग्री सेल्सियस आ न्यूनतम तापमान 26 डिग्री सेल्सियस होखे के संभावना बा.

यूपी में भारी बरखा हो रहल बा

मानसून के प्रवेश के साथ उत्तर प्रदेश में भारी बरखा हो रहल बा। अगिला कुछ दिन में बरखा के रफ्तार अउरी बढ़े वाला बा। एकरा चलते राज्य के नदी में बाढ़ आ गईल बा। दिल्ली-लखनऊ हाईवे पर शाहजहांपुर में लगभग 2-3 फीट पानी भर गइल। मौसम विभाग के मुताबिक 13 जुलाई के पूर्वी यूपी के गोंडा, बहराइच, बलरामपुर, श्रावस्ती, अयोध्या समेत 23 जिला में मूसलाधार बरखा के लेके ऑरेंज अलर्ट जारी कईल गईल बा। बता दीं कि आजुकाल्हु राज्य में भारी बरखा हो रहल बा. साथ ही तापमान में कमी दर्ज भइल बा आ मौसम सुखद बनल बा।

बिहार के मौसम कईसन होई?

अगर बिहार के मौसम के बात करीं तs कई दिन से मानसून के चलते बरखा हो रहल बा। मौसम विभाग के ओर से अलग-अलग जिला के लेके रोज अलर्ट जारी कईल जाता। हालांकि अगिला कुछ दिन में बरखा में कमी आ सकेला. दरअसल एक बेर फेरु बिहार में तापमान बढ़े लागल बा। उमस भरल गर्मी से लोग के राहत नईखे मिले वाला बा मौसम बिज्ञानी लोग के अनुसार पूर्वी बिहार आ आसपास के इलाका सभ पs औसतन समुद्र तल से 0.9 किलोमीटर ऊपर चक्रवाती परिसंचरण मौजूद बा। एकरा असर के चलते अगिला 24 घंटा में बिहार में भारी बरखा के संभावना बा।

 

 

 

 

Tags :
Delhi Weather NewsDelhi Weather TodayIMD AlertIMD Forecast
Advertisement
Next Article