टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

आगरा में घाेड़ी चढ़के दुल्हिन लेवे आइल रहे दूल्हा, कुछ दबंग मिल के बरात लगावे के अरमानन पऽ फेरले पानी, बरातियन के पीटले 

11:40 AM Jun 12, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Agra Latest News गांव में बरात लगावे घरी कुछ दबंग मिल के रोक देले सन। खेरागढ़ के वकालपुर में शमसाबाद से आइल रहे बरात। दबंग जनरेटर के लाइट काट के बरातियन के पीटले सन। लइकी के पिता पुलिस के बतवले कि घटना से परिवार में डर के माहौल बा। नामजद आउर आरोपितन के पुलिस अबही गिरफ्तार नइखे कइले।

Advertisement

खेरागढ के गांव वकालपुर दबंग 25 मई के शमसाबाद से आइल वंचित जाति के दूल्हा के घोड़ी पs चढ़के ना जाए देले सन। बरातियन आ दुल्हन पक्ष के लोगन के साथे जमके मारपीट कइले। आरोप बा कि दबंगन के एलान के चलते पुलिस पहुंचला के बादो दूल्हा के घोड़ी पs चढ़ के बरात लेके जाए के हिम्मत ना भइल।

पुलिस मुकदमा दर्ज कऽ के चार लोगन के गिरफ्तार कइले रहे। घटना के बाद से लइकी के परिवार दहशत में बा। पीड़ित परिवार मंगर के अपर पुलिस आयुक्त से मिलके आरोपियन के खिलाफ धारा बढ़ावे आ सुरक्षा के मांग कइलस।

वकालपुर गांव के रहे वाला मुन्ना के बेटी के 25 मई के रात 10 बजे शमसाबाद से बरात आइल रहे। मुन्ना सिंह के अनुसार बरात दबंग राहुल, संदीप, गोकुल, आदित्य, सोमेंद्र के मोहल्ला से होके गुजरे लागल।

आरोप बा कि दबंग कुल्ह बरात के रोक लेले, एलान कइले कि दूल्हा घोड़ी पs चढ़ के ना जाई। विरोध कइला के बाद बरातियन के साथ मारपीट कऽ देले।

जनरेटर के लाइट काट देले

दबंग शादी के मंडप में लागल जनरेटर के लाइट काट देले सन। एकरा बाद जमके बवाल कइले सन। जेहू सामने आइल ओकरा के बुरा तरे पीटले सन। बरात में आई युवतियनो से हद दर्जा के अभद्रता कइले सन। एकरा से बरातियन में अफरातफरी मच गइल रहे। लइकी पक्ष 112 नंबर पs फाेन कइला पs पुलिस पहुंच गइल। कवनो तरे दुल्हन के फेरा दिआवा के बरात के विदा कइल गइल।

पुलिस चार आरोपियन के कइलस गिरफ्तार

पुलिस दबंग राहुल, गोकुल, संदीप, आदित्य, यशपाल, पंकज, गुड्डू आ सोमेंद्र के नामजद आ 15 अज्ञात लोगन के खिलाफ बलवा, मारपीट, एससीएसटी एक्ट के धारा में मुकदमा दर्ज कइले रहे। चार आरोपितन के गिरफ्तार कइलस। लइकी के पिता ग्रामीण के साथे अपर पुलिस आयुक्त से मिलले।

Tags :
Agra NewsAgra news in bhojapuriApradh newscrime bhojapuri newsKhabar Bhojpuri News
Advertisement
Next Article