टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

एह दुकान के नाम पढ़के लड़कन के इयाद आ जाई आपन 'EX', तस्वीर सोशल मीडिया पs वायरल

12:42 PM Feb 01, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

आजकल बढ़त प्रतिस्पर्धा में लोग आपन बिजनेस चलावे खातिर अलग-अलग तरीका अपना रहल बा। केहू अपना दोकान के सेटअप के अनोखा राखेला तs केहू अपना पकवान के नाम अनोखा राखेला। कई बेर तs लोग अपना स्टोर के नाम तक अनोखा राखेला। लोग ईs सब एह उमेद से करेला कि एहसे जनता के आकर्षित कइल जा सकेला आ ओह लोग के कारोबार तनी बढ़ जाला। रउरा बहुते दोकान देखले होखब जवना के नाम, सेटअप आ पकवान एकदम अनोखा रहल होई। लेकिन विश्वास करीं, जवना दोकान के तस्वीर सोशल मीडिया पs वायरल होखता, ओकर नाम, अयीसन नाम पहिले कबहूँ ना देखाई दिती। आईं एह दोकान के नाम आ इहो बता दीं कि ईs कहाँ बा।

Advertisement

चाप शॉप के अनोखा नाम 

सोशल मीडिया पs रोज बहुते वीडियो आ फोटो वायरल हो जाला। बाकिर ओहमें से कुछ अतना बेजोड़ बा कि लोग के ध्यान अपना ओर खींचे। बेंगलुरु में अइसने एगो दोकान बा जवना के तस्वीर सोशल मीडिया पs लोग के ध्यान अपना ओर खींचे में सफल हो गइल बा। वायरल फोटो में दोकान के नाम पढ़ला के बाद रऊवा भी हैरान होखब। असल में बेंगलुरु के आर.टी.नगर में एगो आदमी एगो चाट के दुकान खोलले रहे, जवना के नाम रहे 'Ex Girlfriend Bangarpete Chats'। एकर तस्वीर सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल बा।

बता दीं कि ईs फोटो माइक्रो ब्लॉगिंग प्लेटफॉर्म एक्स (पहिले ट्विटर) पs @dankchikidang नाम के एगो अकाउंट के साथे शेयर कइल गइल बा। खबर लिखे के समय ले 73 हजार से अधिका लोग फोटो देखले बाड़े। फोटो देखला के बाद एगो यूजर लिखले कि - जदी आप अपना प्रेमिका के संगे बानी तs आपके ए जगह पs जाए के मन ना होई। एगो अउरी यूजर लिखले बा - अइसन नाम रखे खातिर हिम्मत के जरूरत होला, हम आजुओ उलझल बानी कि रोवे के चाहीं कि हँसे के चाहीं।

 

 

 

 

 

Tags :
BengaluruSocial MediaTrending newsViralViral News
Advertisement
Next Article