बिहार में स्कूल बैग में बंदूक लेके आइल नर्सरी के लइका, तीसरा क्लास के छात्र के मार देलस गोली
सुपौल : बिहार के इ घटना दिल दहला देवे वाला बा। एगो स्कूल में एगो नर्सरी के छात्र स्कूल बैग में पिस्तौल लेके स्कूल आइल। ओकरा बाद उऽ स्कूले में थर्ड क्लास में पढ़त एगो छात्र के गोली मार देलस। ई घटना सुन के लोग चौंक गइल। नाराज स्थानीय लोग स्कूल में घुस के बहुत तोड़फोड़ कइले।
घटना सुपौल में भइल बा
इ घटना बिहार के सुपौल जिला में भईल। मामला पुलिस तक पहुंच गइल बा आ पुलिस एह चौंकावे वाला आ जानलेवा हमला के पीछे के कारण के पता लगावे के कोशिश करऽ तिया। घटना के बाद से स्कूल के निदेशक आउर मुख्य आरोपी फरार बाड़े। एही समय थर्ड क्लास के बच्चा के गोली मारे के खबर सुनला के बाद खिसियाइल लोग स्कूल पs हमला कऽ देले। भीड़ प्रधानाध्यापक के कार्यालय आउर कक्षा कक्ष में तोड़फोड़ कऽ देलस।
घटना में घायल तीसरा कक्षा के छात्रा के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। उहाँ उनका के फिलहाल खतरा से बाहर बतावल जाता। पुलिस स्कूल मालिक संतोष कुमार के गिरफ्तार कऽ लेले बिया। घटना के सिलसिला में उनका से पूछताछ कइल जाता ताकि पूरा मामला के खुलासा हो सके।
सुपौल पुलिस के कहनाम बा कि नर्सरी क्लास के बच्चा अपना स्कूल बैग में बंदूक लेके आइल रहे। स्कूल आवते उऽ तीसरा क्लास रूम में पहुँच गइल। उहाँ उऽ अचानक बंदूक निकाल के क्लास रूम में बइठल एगो बच्चा पs गोली चला देलस। गोलीबारी से स्कूल के छात्र-छात्रा में दहशत मच गइल। डर से सब बच्चा मुख्य दुआर के ओर भाग गइले।
एकरा संगे गोली से धायल बच्चा के परिवार के लोग बतवले कि स्कूल प्रशासन उनका के उनका बच्चा के हाथ में मामूली चोट पहुंचे के सूचना देले रहे। खबर मिलला के बाद जब उ लोग स्कूल पहुंचले तऽ पता चलल कि बच्चा के हाथ में गोली लागल बा। स्कूल परिसर में बंदूक के मैगजीनो पड़ल रहे।
जइसहीं एह मामिला के खबर मिलल, जनता में नाराजगी फइल गइल। खिसियाइल लोग मेन रोड जाम कऽ के अपराधी के सजा के मांग करे लगले। गोली से धायल बच्चा के चाचा मोहम्मद अफरोज मीडिया के बतवले कि जवन बच्चा गोली मरले बा उऽ मुकेश यादव के बेटा उऽ। उ कक्षा में घुस के हमरा भतीजा के छाती में गोली चलावे के कोशिश कइलस, लेकिन गोली छाती के जगह हाथ में लागल। मोहम्मद अफरोज बतवले कि एह घटना के बाद मुकेश यादव बंदूक के संगे अपना बेटा के संगे फरार हो गइल बाड़े। सुपौल एसपी मीडिया के जानकारी देले बाड़े कि स्कूल में गोली चलावे के आरोपी छात्र किताब आ बैग में बंदूक लेके आइल रहे। आ उऽ एगो बच्चा के गोली मार देलस। गोली से घायल बच्चा अब खतरा से बाहर बा। एसपी आगे कहले कि आरोपी आ उनका माता-पिता के गिरफ्तारी छापामारी जारी बा। एसपी बतवले कि लइका अउरी ओकरा माता-पिता के खिलाफ त्रिवेणीगंज थाना में प्राथमिकी दर्ज भइल बा। हालांकि एह घटना के पीछे के मकसद के बारे में अबही ले खुलासा नइखे भइल। एसपी बतवले कि पुलिस एह मामला में गांव के लोग आ स्कूल के लोग से पूछताछ कर रहल बिया।