टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

छपरा में प्रेमिका ठुकरलस शादी के प्रपोजल तऽ प्रेमी लगा लेलस फांसी

01:03 PM Oct 08, 2024 IST | Sonu Kishor
प्रेमिका ठुकरवलस बियाह के प्रपोजल तऽ प्रेमी लगवलस फांसी
Advertisement

छपरा। कहल जाला कि प्रेम आन्हर होला, प्रेम में पागल प्रेमी के कुछुओ ना बुझाला। प्यार में पागल प्रेमी मरे आ जान तक के बलिदान देवे खाती तैयार रहेले। एही तरह के मामला सारण में देखल गइल बा, जहां प्रेमिका के बियाह करे से मना कइला के बाद प्रेमी फांसी लगा के आत्महत्या करे के कोशिश कइलस।

Advertisement

मंगर के सबेरे मशरक के पचखंडा गांव में प्रेमि अपना प्रेमिका के लगे बियाह के प्रस्ताव रखलस तऽ प्रेमिका ठुकरा देलस ओकरा बाद प्रेमी फाँसी लगा के आत्महत्या करे के कोशिश कइलस आ प्रेमिका ओकरा के खारिज कऽ देलस। परिवार के लोग प्रेमी के बेहोश हालत में उतरले आ अउरी पुलिस के सूचना देले। पुलिस 112 के टीम मौका प पहुंच के बेहोश हालत में इलाज खातिर सीएचसी मशरक में भर्ती करवलस। युवक पचखंडा गांव निवासी स्वर्गीय राजकुमार शर्मा के 23 साल के बेटा अजय शर्मा हऽ। लकड़ी के फर्नीचर बनावे में के काम करेला।

भाई ओम प्रकाश शर्मा बतवले कि घर के बगल में खेत में घास के सफाई चलत रहे कि पड़ोसी चिला के बतवले कि तोहार भाई दरवाजा में ताला लगा के लटकल बा उऽ मौका पऽ पहुंच के पुलिस के मौजूदगी में सीएचसी मशरक ले आईल। बतावल जाता कि युवक एगो लईकी के संगे प्रेम-प्रसंग करत रहे आ जब ओकर बियाह के प्रस्ताव खारिज हो गइल तऽ उऽ फांसी लगा के आत्महत्या करे के कोशिश कइलस।

Tags :
Chapra BiharChhapra Bihar newskhabar bhojpuri khabar bhojpuri newsMashrakh NewsPrem prasang
Advertisement
Next Article