For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Gorakhpur News: तालाब में नहा रहल तीन गो दोस्त डूबले, एगो के मउत

02:13 PM May 18, 2024 IST | Minee Upadhyay
gorakhpur news  तालाब में नहा रहल तीन गो दोस्त डूबले  एगो के मउत
Advertisement

Advertisement

चिलुआताल इलाका के एगो पोखरा में नहात तीन गो दोस्त अचानक गहिरा पानी में जाके डूबे लगले। बहुत गहिराह पानी में जाए के चलते एक के मउत हो गईल। बाकी दु युवक के स्थानीय लोग पानी से निकाल देले।

कोतवाली इलाका के इस्माइलपुर निवासी निखिल शुक के सांझ के अपना दोस्त बादल अवुरी आशीष पाल के संगे चिलुआताल में रहेवाली बहिन के घरे गईल रहले।

शनिचर के सबेरे तीनों बहिन के घर के बगल के पोखरा में नहाए गईले। एही दौरान मियां बाजार निवासी आशीष पाल के तालाब में डूब के मउत हो गईल। घटना के जानकारी मिलला पs पुलिस टीम पहुंचल अवुरी युवक के परिवार के लोग के फोन कईलस।

Tags :
Advertisement