For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

दुष्कर्म के आरोपी के पुलिस मुठभेड़ में मरलस गोली- भागे के फिराक में रहे- गोड़ में लागल गोली

01:32 PM Jun 12, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
दुष्कर्म के आरोपी के पुलिस मुठभेड़ में मरलस गोली  भागे के फिराक में रहे  गोड़ में लागल गोली
Advertisement

संतकबीरनगर में नव साल के मासूम के संगे दुष्कर्म के आरोपी आ पुलिस के बीच मुठभेड़ हो गइल। भागे के फिराक में आरोपी के गोड़ में पुलिस के गोली लाग गइल। गोड़ में गोली लगला से ऊ घायल हो गइल। घायल अवस्था में आरोपी के इलाज खातिर अस्पताल में भर्ती करावल गइल।

Advertisement

जानकारी के अनुसार घनघटा क्षेत्र के एगो गांव में सोमार के रात नव साल के लईकी के संगे एगो जुवक दुष्कर्म कs देले रहे आ मवका से फरार हो गइल रहे। जुवक पs दुष्कर्म के केस दर्ज भइल रहे। पुलिस आरोपी के तलाश करत रहे।

मंगर के देर रात ककरहा के लगे आरोपी के लुकाइल होखला के सूचना पs पुलिस पहुंचल तs आरोपी भागे लागल। एह दौरान पुलिस मुठभेड़ में ओकरा गोड़ में गोली लाग गइल। पुलिस ओकरा के सीएचसी मलौली में भर्ती करवलस। जहां से ओकरा के जिला अस्पताल रेफर कs दिहल गइल।

साभार: अमर उजाला

Tags :
Advertisement