For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

नेपाल घूमे वाला विदेसी पर्यटकन के लिस्ट में भारतीयन के संख्या सबसे जादे, चीन दूसरका स्थान पs 

04:11 PM Mar 03, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
नेपाल घूमे वाला विदेसी पर्यटकन के लिस्ट में भारतीयन के संख्या सबसे जादे  चीन दूसरका स्थान पs 
Advertisement

फरवरी महीना में सबसे जादे भारतीय पर्यटक नेपाल घूमे गइल लो। विदेसी पर्यटकन में नेपाल घूमे वालन में भारत शीर्ष पs बा। न्यूज एजेंसी के मोताबिक, नेपाल पर्यटन बोर्ड (एनटीबी) सनीचर के कहलस कि पिछला फरवरी महीना में कुल 97426 पर्यटक नेपाल आइल लो। एमे से 25,578 भारत से रहे लो। एकरा बाद, चीन से 9180 आ अमेरिका से 9089 पर्यटक देश के भ्रमण कइल लो।

Advertisement

एकरा बाद चउथा नंबर पs थाईलैंड रहल, जहां से नेपाल जाये वाला पर्यटकन के संख्या 4,799 रहल। जबकि यूके आ बांग्लादेश क्रमशः 4,571 आ 4,099 पर्यटकन के संगे सूची में पांचवां आ छठा स्थान पs बा।

एनटीबी के निदेशक मणि लामिछाने के अनुसार, फरवरी में 25,000 से जादे भारतीय नेपाल के दौरा कइल लो। ऊ कहलें कि वास्तविक संख्या बहुत जादे बा, काहेकि भारत से बड़ संख्या में पर्यटक सड़क मार्ग से नेपाल आइल लो। जनवरी में नेपाल में भारत से 18,041 पर्यटक गइल रहे लो।

फरवरी में नेपाल में हवाई मार्ग से आवे वाला पर्यटकन के संख्या फरवरी 2023 से 33 प्रतिशत जादे बा, जेमे 73,255 पर्यटक आइल रहे लो। 2019 के तुलना में पूर्व-कोविड अवधि में ई 95.12 प्रतिशत रहल। एनटीबी के मोताबिक, फरवरी 2019 में नेपाल आवे वाला पर्यटकन के संख्या 1,02,423 रहे।

कोविड से प्रभावित रहल नेपाल के पर्यटन

एनटीबी के निदेशक लामिछाने कहले कि नेपाल के पर्यटन क्षेत्र कोविड-19 से बुरा तरे प्रभावित बा। 2024 में एमे सुधार होखे के उम्मीद बा आ फरवरी के डेटा एकरा ओर एगो सकारात्मक संकेत देत बा। ऊ कहलें कि मार्च के बाद पर्यटन सीजन सुरू होखला पs अगिला महीना से पर्यटकन के संख्या में बहुते बढ़न्ती होई।

नेपाल के पर्यटन स्थलन के बात करीं तs राजधानी काठमांडू में पूरा साल ठंड रहेला। गर्मियन के मौसम में काठमांडू घूमे खातिर अच्छा जगह बा। एकरा बाद नेपाल के पोखरो पर्यटकन के पसंदीदा जगहन में से एगो बा। इहां सबसे जादे पर्यटक आवेला लो।

Tags :
Advertisement