टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

अतवारी छौंक: बात कुछ पुरनका दौर के! अइसन एक्ट्रेस के कहानी, जेकर अंतिम समय में अकेले हो गईल रहे मउत!

08:26 AM Jan 28, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

खबर भोजपुरी रउरा लोग के सोझा एगो नया सेगमेंट लेके आइल बा , जवना में रउरा के पढ़े के मिली फिलम इंडस्ट्री से जुड़ल रोचक कहानी आ खिसा जवन बितsल जमाना के रही।

Advertisement

आजू पढ़ी अइसन एक्ट्रेस के कहानी जेकर अंतिम समय में अकेले ही हो गईल रहे मउत।

साल 1967 में ‘हमराज’ नाम से एगो फिलिम रिलीज भइल, ई फिलिम ना खाली हिट भइल बलुक एह फिलिम में काम करे वाली एक्ट्रेस विमी के बारे में भी हर जुबान पs चरचा रहे। असल में सुपरस्टार सुनील दत्त के साथे एह फिलिम के एक्ट्रेस विमी के खूबसूरती से सभे कायल हो गइल रहे। एकरा संगे फिलिम 'हमराज' के सफलता के बाद विमी फिलिम के लाइन लगा देले रहली। एह फिलिम में विमी पs फिल्मावल गीत ‘नीले गगन के ताले’ आजुओ लोग के पसंदीदा गीत बा। हालांकि एक ओर विमी के फिलिम में सफलता मिलत रहे। दूसर ओर उनकर पारिवारिक जीवन में बहुत उथल-पुथल मच गईल। असल में विमी के बियाह कोलकाता के एगो बड़ व्यापारी से भईल रहे। बतावल जाला कि विमी के परिवार ना चाहत रहे कि उs फिलिम में काम करस, लेकिन विमी के ससुराल के इs बात पसंद ना आईल, एs मामिला के लेके घर में तनाव बढ़े लागल, एहसे विमी मुंबई आ गईली।

अगर मीडिया रिपोर्ट पs विश्वास कइल जाव तs विमी के खराब समय एकरा बाद शुरू हो गइल रहे। मुंबई अइला के बाद विमी के संपर्क जॉली नाम के एगो निर्माता से भइल जे अभिनेत्री के गलत राह पs धकेल दिहलस। खबर के मुताबिक जॉली विमी के संगे ना खाली उनुकर फिलिम करावे के नाम पs गलत काम करइले रहे बालुक गलत नीयत से उनुका के बहुत निर्माता के इरादा से भेजल शुरू कs देलस।

विमी पूरा तरीका से अकेले रहली अवुरी एकर नकारात्मक असर उनुका कैरियर पs भी पड़त रहे। बतावल जाता कि एs तनाव में विमी जादा शराब पीये लगली। नतीजा ईs भइल कि अभिनेत्री के लिवर खराब हो गइल आ महज 33 बरीस के उमिर में उनुकर मउत हो गइल। इहाँ भी दुर्भाग्य विमी के ना छोड़लस अवुरी उनुकर लाश ठेला पs राख के दाह संस्कार स्थल पs ले आवल गइल रहे।

 

 

Tags :
actressActress VimiBollywood Actor Sunil DuttBollywood ActressBollywood Actress VimiBollywood newsEntertainment News Entertainment News in BhojpuriSunday specialSunday special newsSunday special news in bhojpuriSunil DuttSunil Dutt's Humraaj MovieVimiएक्ट्रेसएक्ट्रेस विमीबॉलीवुड एक्टर सुनील दत्तबॉलीवुड एक्ट्रेसबॉलीवुड एक्ट्रेस विमीबॉलीवुड न्यूज़मनोरंजन न्यूज़ मनोरंजन न्यूज इन भोजपुरीविमीसुनील दत्तसुनील दत्त की हमराज मूवी
Advertisement
Next Article