For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

एह देश में कंपनी बेचत रहे अल्लाह शब्द के मिलत जुलत LOGO वाला जूता आ फिर देख लोगन के फुटल गुस्सा

12:18 PM Apr 10, 2024 IST | Raj Nandani
एह देश में कंपनी बेचत रहे अल्लाह शब्द के मिलत जुलत logo वाला जूता आ फिर देख लोगन के फुटल गुस्सा
Advertisement

Malaysian Brand Verns: मुस्लिम समाज आपत्ति जतवलस रहे कि कंपनी के जवन लोगो बा ऊ अरबी भाषा में अल्लाह शब्द से मिलत जुलत रहे।

Advertisement

Malaysian Brand Verns: मलेशिया में एक विवादित LOGO के कारण जूता बनावे वाली कंपनी विवाद में आ गइल । वर्न होल्डिंग्स नामक कंपनी जवन जूता बनावे ले । ऊ विवाद बढ़ावे प माफी मांग लेले बिया। कंपनी कहलख कि तुरंत विवादित LOGO वाला जूता के बिक्री प रोक लगा देवल गइल बा।

दरअसल मुस्लिम समाज आपत्ति जतवले रहे कि वर्न होल्डिंग्स कंपनी के जवन जूता बाजार में बिकत रहे उनकर LOGO अरबी भाषा में अल्लाह शब्द से मिलत जुलत रहे ।मुस्लिम समाज जल्द सब जूता के मार्केट के हटावे खातिर कहलख। कंपनी विवाद बढ़ला के बाद माफी मंगलख आ एह बात के स्वीकार कलइख कि डिजाइन में खामी के कारण LOGO गलत बना देलख।

कंपनी के बयान के बारे में बतावल गइल बा

आपन सफाई पेश करत वर्न होल्डिंग्स सोशल मीडिया प लिखले कि, प्रबंधन ए गलती खाती माफी मांगता। हमनी के मंशा कवनो धर्म भा मान्यता के नीचा देखावे के ना रहे, केहू के अपमान करे के इरादा ना रहे। हमनी के उम्मीद बा कि माफी मांगल जाई ताकि हमनी के ओह गलती के सुधार सकीले।

 पुलिस सब जूता जब्त क लेलस

जइसहीं एह मामिला प विवाद बढ़ल पुलिस कार्रवाई में आ गइल, घरेलू फुटवियर ब्रांड वर्न के खिलाफ थाना में आठ गो रिपोर्ट दर्ज करावल गइल। रिपोर्ट दर्ज होखला के बाद कुल 1100 जूता पुलिस जब्त क लिहलस।

पुलिस महानिरीक्षक रजारुद्दीन हुसैन स्थानीय मीडिया से बतवले कि कंपनी के दंड संहिता के धारा 298 के तहत जांच कइल जाता। एह खंड में दोसरा के धार्मिक भावना के जानबूझ के चोट पहुंचावे के इरादा के बारे में बतावल गइल बा। एकरा संगे-संगे संचार आ मल्टीमीडिया अधिनियम 1998 के धारा 233 के तहत भी जांच कईल जाता।

कंपनी के संस्थापक के बोलावल गइल

एह घटना के बाद मलेशिया के इस्लामिक मामिला के देखरेख करे वाली एजेंसी इस्लामिक विभाग एकरा प कड़ा आपत्ति जतवलस आ कंपनी के संस्थापक एनजी चुहान हू के बोलवलस। विभाग के कहनाम बा कि जदी जांच में पता चलता कि कंपनी जानबूझ के अइसन कइले बिया त कड़ा कार्रवाई होई।

Tags :
Advertisement