For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

छपरा से चले वाली ट्रेन के समय में बढ़न्ती: पटना-थावे स्पेशल रेल के संचालन 92 फेरा खातिर बढ़ल

10:12 AM Aug 30, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
छपरा से चले वाली ट्रेन के समय में बढ़न्ती  पटना थावे स्पेशल रेल के संचालन 92 फेरा खातिर बढ़ल
Advertisement

रेलवे प्रशासन यात्री के सुविधा खातिर पहिलही से चलावल जा रहल ट्रेन संख्या 03215/ 03216 पटना-थावे-पटना विशेष गाड़ी के संचालन अवधि के विस्तार कइले बा। ई ट्रेन 31 दिसंबर तक 92 फेरन खातिर चलावल जाई। रेल से सारण जिला के पटना से जोड़े वाली ट्रेनन में से ई एकमात्र ट्रेन हs। एकरा संचालन से छपरा शहर सहित जिला के उत्तरी हिस्सा के यात्रियन के विशेष फायदा मिलेला। ई जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी करत देले बाड़ें।

Advertisement

गाड़ी संख्या 03215 पटना-थावे विशेष गाड़ी 31 दिसंबर तक पटना से 12:10 बजे चली। फुलवारी शरीफ से 12:22 बजे, पाटलिपुत्र से 12:45 बजे, दीघा ब्रिज हॉल्ट से 12:51 बजे, दिघवारा से 13:52 बजे, गोल्डिनगंज से 14:25 बजे, खैरा से 15:13 बजे, मढ़ौरा से 15:32 बजे, मसरख से 15:48 बजे, राजापट्टी से 16:02 बजे, दिघवा दुबौली से 16:17 बजे, सिधवलिया से 16:32 बजे, रतनसराय से 16:47 बजे आ गोपालगंज से 17:07 बजे छूटके थावे 17:40 बजे पहुंचेले।

गोपालगंज होके चलेले ट्रेन

गाड़ी संख्या 03216 थावे-पटना विशेष गाड़ी 31 दिसंबर तक थावे से 18:25 बजे चलके गोपालगंज से 18:35 बजे, रतनसराय से 18:55 बजे, सिधवलिया 19:12 बजे, दिघवा दुबौली से 19:30 बजे, राजापट्टी से 19:45 बजे, मसरख से 19:57 बजे, मढ़ौरा 20:22 बजे, खैरा 20:38 बजे, गोल्डिनगंज से 21:20 बजे, दिघवारा 21:32 बजे, दीघा ब्रिज हाल्ट से 23:00 बजे, पाटलिपुत्र से 23:10 बजे आ फुलवारी शरीफ से 23:35 बजे छूटके पटना 23:45 बजे पहुंचेले।

ट्रेन में होई 22 कोच

गाड़ी में जीएसएलआरडी के दुगो, साधारण द्वितीय श्रेणी कुर्सीयान के एगो आ साधारण द्वितीय श्रेणी के 19 कोचन सहित कुल 22 कोच लगावल जाई।

Tags :
Advertisement