टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

T-20 World Cup: इंग्लैंड के बाद ई रिकॉर्ड बनावे वाला दूसरका देस बनल भारत; टी-20 में लगातार आठवां मुकाबला जीतल 

12:19 PM Jun 21, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

टी-20 विश्व कप 2024 में भारतीय टीम के जीत के सिलसिला बरकरार बा। टीम इंडिया बियफे के अफगानिस्तान के 47 रन से हरवलस। टीम इंडिया के ई एह संस्करण में चउथा जीत रहल। बियफे के भारत के 181 रन के जवाब में अफगानिस्तान के पारी 134 रन पs सिमट गइल। राशिद खान के टीम के खिलाफ एह जीत के संगही भारतीय टीम एगो खास उपलब्धियो हासिल कइलस। एतने ना रोहित शर्मा के टीम 2022 में बनावल गइल एगो रिकॉर्ड के तुड़े के दहलीज पs बिया।

Advertisement

अफगानिस्तान के सब 10 विकेट कैच आउट के रूप में गिरल

अफगानिस्तान के सब विकेट कैच आउट के रूप में गिरल। ई टी-20 विश्व कप में खाली दूसरका बेर बा जब कवनो टीम के 10 विकेट कैच आउट के रूप में गिरल होखे। पहिलो बेर अफगानिस्ताने के खिलाफ अइसन भइल रहे। 2022 टी-20 विश्व कप में इंग्लैंड पर्थ में अफगानिस्तान के सब 10 खिलाड़ियन के कैच आउट कs के पवेलियन भेजले रहे। अब भारत इंग्लैंड के बाद अइसन करे वाला दूसरका टीम हियs। ब्रिजटाउन में भारतीय गेंदबाजन के अफगानिस्तान के बल्लेबाजन के लगे कवनो तोड़ ना रहे।

टीम इंडिया के लगातार आठवां टी-20 जीत

ओहिजा, टीम इंडिया के टी-20 में लगातार आठवां जीत रहल बा। भारत के ई जीत के सिलसिला दिसंबर 2023 से चलल आ रहल बा। टी-20 अंतरराष्ट्रीय में भारतीय टीम लगातार सबसे जादे मैच नवंबर 2021 से लेके फरवरी 2022 के बीच जीतले बिया। एह दौरान टीम इंडिया लगातार 12 टी-20 मैच जीतले रहे। ओहिजा, जनवरी 2020 से लेके दिसंबर 2020 के बीच भारतीय टीम लगातार नव टी-20 मैच जीतले रहे। रोहित शर्मा जदि अगिला दु मैच जीतत बाड़ें तs नौ मैचन के पीछा छोड़ दिहेे। ओहिजा, जदि भारतीय टीम फाइनलो जीते में कामयाब रहत बिया तs लगातार 12 मैच जीते के रिकॉर्ड के बराबरी कs ली।

मैच में का भइल ?

तेज गेंदबाज जसप्रीत बुमराह आ अर्शदीप सिंह के सानदार गेंदबाजी के दम पs भारत टी-20 विश्व कप में आपन लगातार चउथा जीत दर्ज कइलस। भारत अफगानिस्तान के 47 रन से हरवलस आ सुपर आठ चरण के ग्रुप एक मैच में जीत दर्ज कइलस। भारत पहिले बल्लेबाजी करत सूर्यकुमार यादव के अर्धशतक के मदद से 20 ओवर में आठ विकेट पs 181 रन बनवलस।

सूर्या 28 गेना में पांच चौका आ तीन छक्का के मदद से 53 रन के पारी खेललें। एकरा अलावे हार्दिक पांड्या 24 गेना में तीन चौका आ दु छक्का के मदद से 32 रन बनवलें। जवाब में बुमराह आ अर्शदीप तीन-तीन विकेट झटक के भारत के 20 ओवर में अफगानिस्तान के 134 रन पs ढेर करे में जोगदान दिहल लो। अफगानिस्तान खातिर अजमातुल्लाह ओमरजई 20 गेना पs दुगो चौका आ एगो छक्का के मदद से सर्वाधिक 26 रन बनवलें।

Tags :
Bhojpuri Newscricket newsIND Vs AFGindian cricket teamT-20 World CupT-20 World Cup 2024
Advertisement
Next Article