For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

IND W vs AUS W: ऑस्ट्रेलिया सेमीफाइनल में पहुंचल, भारत के करे के होई न्यूजीलैंड के हार के दुआ, जानीं समीकरण

10:15 AM Oct 14, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
ind w vs aus w  ऑस्ट्रेलिया सेमीफाइनल में पहुंचल  भारत के करे के होई न्यूजीलैंड के हार के दुआ  जानीं समीकरण
Advertisement

ऑस्ट्रेलिया के महिला टीम अतवार के भारत के खिलाफ नव रन से जीत दर्ज कs के सेमीफाइनल में आपन जगह पक्का कs लेलस। ग्रुप ए से सेमीफाइनल में पहुंचे वाली पहिला टीम बन गइल। ओहिजा, ई हार भारत के राह मुश्किल कs देले बा। अब ओकरा न्यूजीलैंड बनाम पाकिस्तान मैच पs निर्भर रहे के होई। ई मुकाबला सोमार के खेलल जाई।

Advertisement

भारत के करे के होई पाकिस्तान के जीत के दुआ

एह मैच से पहिले भारत के नेट रनरेट +0.576 रहे। अब ई +0.322 रह गइल बा। ओहिजा, ऑस्ट्रेलिया आठ अंक आ +2.223 के नेट रनरेट के संगे अंक तालिका में शीर्ष पs बा।तीसरका स्थान पs न्यूजीलैंड के टीम बिया, जवना के नेट रनरेट +0.282 बा। जदि अपना चउथा मैच में ओकरा पाकिस्तान के खिलाफ बड़ अंतर से जीत मिलत बा तs कीवी टीम दूसरका पायदान पs पहुंच जाई आ बेहतर नेट रनरेट के आधार पs सेमीफाइनल खातिर क्वालिफाई कs ली। एह इस्थिति में भारत के पाकिस्तान के जीत के दुआ करे के होई।

नव रन से हारल भारत

शारजाह में खेलल गइल एह मुकाबला में ऑस्ट्रेलिया 20 ओवर में आठ विकेट पs 151 रन बनवलस। जवाब में भारतीय टीम 20 ओवर में नव विकेट पs 142 रन बना सकल। भारत के ऑस्ट्रेलिया के नेट रनरेट से आगे निकले खातिर 10.2 ओवर भा ओकरा पहिले लक्ष्य के पीछा करे के रहे। ओहिजा, हरला पs भारत के ई सुनिश्चित करे के रहे कि ओकर स्कोर 139 रन से जादे होखे ना तs ओकर नेट रनरेट न्यूजीलैंड से कम हो सकत रहे।

ताश के पत्तन के तरे बिखरल भारतीय टीम

कप्तान हरमनप्रीत कौर के अर्धशतकीय पारी काम ना आइल। भारत के अंतिम ओवर में 14 रन के जरूरत रहे। हरमनप्रीत विकेट पs रहली, बाकिर सदरलैंड के ओवर में भारत चार विकेट खोके मैच गंवा देलस। ऑस्ट्रेलिया के आठ विकेट पs 151 रन के जवाब में भारत नव विकेट पs 142 रन बनवलें। हरमनप्रीत 47 गेना में छव चौका के मदद से 54 रन पs नाबाद रहली। ऊ चउथा विकेट खातिर दीप्ति शर्मा (29) के संगे 55 गेना में 63 रन के साझेदारी कइली। 18वां ओवर में 12 आ 19वां ओवर में 14 रन बनल तs लागल जीत मिले जा रहल बा, बाकिर अइसन ना भइल। 32 रन पs दु विकेट लेवे वाली सोफी मोलिनेक्स प्लेयर ऑफ द मैच बनलीं। उनका अलावे ऑस्ट्रेलिया खातिर एनाबेल सदरलैंड दु विकेट चटकवली। ओहिजा, मेगन आ एश्ले एक-एक सफलता हासिल कइल लो।

मैक्ग्रा आ हैरिस रखल लो जीत के नेव

टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी करे उतरल ऑस्ट्रेलिया के सुरुआत कुछ खास ना भइल। बेथ मूनी 17 रन के स्कोर पs आपन विकेट फेंकके चल गइली। उनका के रेणुका आपन शिकार बनवली। एकर अगिलके गेना पs भारतीय गेंदबाज जॉर्जिया वेयरहेम के आउट कइली। ऊ बिना खाता खोलले पवेलिन लवटली। 17 रन के स्कोर पs दु विकेट खो चुकल ऑस्ट्रेलियाई टीम के एगो अच्छा साझेदारी के तलाश रहे। अइसन में चउथा नंबर पs बल्लेबाजी खातिर उतरल ताहलिया मैक्ग्रा मोर्चा संभरली आ ग्रेस हैरिस के संगे 62 रन के पार्टनरशिप कइली। 12वां ओवर में राधा यादव कप्तान के आपन शिकार बनवली। ऊ 26 गेना में 32 रन बना सकली। ओहिजा, हैरिस 40 रन बनावे में कामयाब भइली। एह मुकाबला में एलिस पेरी 32, एश्ले गार्डनर छव, एनाबेल सदरलैंड 10, सोफी मोलिनेक्स जीरो रन बनवली। ओहिजा, फीबी लीचफील्ड 15 आ मेगन जीरो रन बनाके नाबाद रहल लो। भारत खातिर रेणुका सिंह आ दीप्ति शर्मा दु-दु विकेट चटकावल लो जबकि श्रेयंका, पूजा आ राधा के एक-एक विकेट मिलल।

Tags :
Advertisement