टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

IND W vs SA W: Shafali Verma कइली साउथ अफ्रीका के गेंदबाजन के खूब पिटाई, जड़ली इंटरनेशल करियर के पहिला सेंचुरी

02:04 PM Jun 28, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

IND W vs SA W: भारतीय वुमेंस क्रिकेट टीम के धाकड़ ओपनर शेफाली वर्मा एकमात्र टेस्ट में साउथ अफ्रीकी गेंदबाजन के खूब पिटाई कइली। उऽ स्मृति मंधाना के साथ मिल के 200 से ज्यादा रन के पार्टनरशिप कइली आ अपना करियर पहिला सेंचुरी जड़ली। शेफाली 113 गेंदा में 15 चौका आ 2 छक्का जड़ के शतक पूरा कइली। शेफाली के साथे स्मृति मंधाना आपन शतक पूरा कऽ लेली।

Advertisement

भारत आ साउथ अफ्रीका महिला टीम के बीच एकमात्र टेस्ट मैच चेन्नई में आयोजित बा। पहिले बल्लेबाजी करत घरी भारती सलामी जोड़ी शतक जड़ देलस। वुमेंस क्रिकेट के रोहित शर्मा कहे जाए वाली शेफाली वर्मा अपना अंतरराष्ट्रीय करियर के पहिले सेंचुरी जड़ली। एह शतक खातिर उऽ बस 113 गेंद खेलली।

चेन्नई में खेलल जा रहल एकमात्र टेस्ट मैच में टीम इंडिया काफी मजबूत इस्थिति में बा। दुनु ओपनर्स के बीच 200 से ज्यादा रन के पार्टनरशिप हो चुकल बा। शेफाली वर्मा आ स्मृति मंधाना आपन- आपन शतक पूरा कऽ लेले बाड़ी। शेफाली 113 गेंद में 15 चौका आ 2 छक्कन के मदद से आपन पहिला इंटरनेशनल शतक पूरा कइली।

Tags :
cricket newsIndian woman cricketKhabar bhojpuri cricketShefali VermaSimriti nandanaWoman cricket
Advertisement
Next Article