For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

IND W vs SL W Preview: आठवां बेर एशिया के चैंपियन बने उतरिहें भारतीय बेटी 

07:56 AM Jul 28, 2024 IST | Sonu Kishor
ind w vs sl w preview  आठवां बेर एशिया के चैंपियन बने उतरिहें भारतीय बेटी 
Advertisement

IND W vs SL W Preview: भारतीय टीम एतवार के दिने श्रीलंका के खिलाफ फाइनल जीत के महिला एशिया कप टी-20 क्रिकेट टूर्नामेंट में आपन दबदबा बनवले राख के रिकार्ड आठवां खिताब जीते के कोशिश करी। एह टूर्नामेंट में भारत अबले शानदार प्रदर्शन कइले बा। भारत के टॉप ऑर्डर बल्लेबाज आ गेंदबाज अबले बहुते बढ़िया प्रदर्शन कइले बाड़ी। अबहीं ले ऊ अपना प्रतिद्वंद्वी टीमन के कवनो मौका नइखी दिहले।

Advertisement

एह टूर्नामेंट में भारत अबही ले शानदार प्रदर्शन कइले बा। लीग स्टेज में पाकिस्तान के सात विकेट, यूएई के 78 रन आ नेपाल के 82 रन से हरा देलस। सेमीफाइनल में उऽ बांग्लादेश के दस विकेट से हरा देलस।

बल्लेबाज आ गेंदबाज फॉर्म में 

भारत के टॉप ऑर्डर बल्लेबाज आ गेंदबाज अबही ले बहुते बढ़िया प्रदर्शन कइले बा। अबहीं ले उऽ अपना प्रतिद्वंद्वी टीमन के कवनो मौका नइखे दिहले। ओपनिंग बल्लेबाज स्मृति मंधना आ शफाली वर्मा टीम के अबही ले बढ़िया शुरुआत कइले बाड़ी बाकिर गेंदबाजन खास कऽ के दीप्ती शर्मा आ रेणुका सिंह के प्रदर्शन से टीम प्रबंधन बहुते खुश रही।

 दीप्ती सबसे ज्यादा विकेट लेली

एह टूर्नामेंट में अबही ले दीप्ती अधिकतम नौ विकेट ले चुकल बाड़ी जबकि रेणुका सात विकेट ले के तालिका में तिसरका जगहा पर बाड़ी। दुनु जने के इकोनॉमी रेटो बेहतरीन बा, मतलब कि उऽ लोग विपक्षी टीम के बल्लेबाज के आज़ादी से खेले के मौका नइखन देले। एह दुनु के मजबूत गेंदबाजी से भारत के दोसरो गेंदबाजन के फायदा भइल बा। लेफ्ट आर्म स्पिनर राधा यादव एकर उदाहरण बाड़ी, जे अब तक 5.5 के इकोनॉमी रेट से छह गो विकेट ले चुकल बाड़ी।

श्रीलंका अबही ले अजेय रहल बा

भारतीय टीम खातिर कवनो चिंता के विभाग नइखे बाकिर कप्तान हरमनप्रीत कौर आ जेमिमा रोड्रिग्स के बल्लेबाजी करे के मौका कम मिलला के चलते ओकरा तनी चिंता हो सकेला। दूसर ओर श्रीलंको  अबही ले अजेय रहल बा। एह टूर्नामेंट में रन के मामला में उऽ सबसे बड़ जीत हासिल कइले बा। ग्रुप स्टेज में श्रीलंका मलेशिया के 144 रन से हरा देले रहे।

चमारी अतापट्टू शानदार फार्म में

श्रीलंका खातिर अबही ले कप्तान चमारी अतापट्टू शानदार प्रदर्शन कइले बाड़ी। अबहीं ले उऽ 243 रन बनवले बाड़ी बाकिर उनका छोड़ के कवनो दोसर श्रीलंका बल्लेबाज सौ रन ना चहुँप पवले। अगर भारत के जीत दर्ज करावे के बा तऽ ओकरा श्रीलंका के कप्तान पर काबू राखे के पड़ी। भारत के मजबूत बल्लेबाजी लाइनअप के खिलाफ श्रीलंका के गेंदबाजन के कड़ा परीक्षा के सामना करे के पड़ी। ऑफ स्पिनर कविश दिलहरी (सात विकेट) के अलावा श्रीलंका के दोसर गेंदबाज अबले आपन असर ना डाल पवले।

टीम के लिस्प्रट एह तरे बा

भारत : हरमनप्रीत कौर (कप्तान), स्मृति मंधाना (उपकप्तान), शेफाली वर्मा, दीप्ति शर्मा, जेमिमा रोड्रिग्स, रिचा घोष (विकेट कीपर), उमा छेत्री , पूजा वस्त्राकर, अरुंधति रेड्डी, रेणुका सिंह ठाकुर, दयालन हेमलता, आशा शोभना, राधा यादव, तनुजा कंवर, सजना सजीवन।

श्रीलंका: चमारी अटापट्टू (कप्तान), अनुष्का संजीवनी, हर्षिता समरविक्रमा, हासिनी परेरा, अमा कंचना, उदेशिका प्रबोदानी, विशमी गुणरथने, काव्या क¨वदी, इनोशी प्रियदर्शनी, सुगंधिका कुमारी, अचिनी कुलसूर्या, कवीशा दिलहारी, नीलाक्षी डी सिल्वा, सचिनी निसानसाला, शशिनी गिम्हानी।

Tags :
Advertisement