टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

भारत में पहिला इलेक्ट्रिक-एयर टैक्सी 2026 तक: इंटरग्लोब एंटरप्राइजेज आर्चर एविएशन के संगे पार्टनरशिप कइलस 

02:28 PM Nov 14, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

भारत में साल 2026 तक पहिला इलेक्ट्रिक-एयर टैक्सी चल सकत बिया। एकरा खातिर देस के सबसे बड़ एयरलाइन इंडिगो के ऑपरेट करे वाली कंपनी इंटरग्लोब एंटरप्राइजेज अमेरिका के 'आर्चर एविएशन' के संगे पार्टनरशिप कइले बिया।

Advertisement

मोमोरेंडम साइन कइला के बाद दुनो कंपनी बयान जारी कs  के कहलस,'इलेक्ट्रिक एयर टैक्सी के ऑपरेशन रेगुलेटरी अप्रूवल आ क्लियरेंस पs निर्भर होई। हमनी के लक्ष्य देश खातिर एगो रिवॉल्यूशनरी ट्रांसपोर्टेशन सॉल्यूशन प्रोवाइड कइल बा।'

7 मिनट में 90 मिनट के सफर

आर्चर के इलेक्ट्रिक वर्टिकल टेकऑफ आ लैंडिंग (eVTOL) मिडनाइट एयरक्राफ्ट के माध्यम से एयर टैक्सी सर्विसेज दिहल जाई। कंपनी कहलस कि कनॉट प्लेस से गुरुग्राम के 27 किलोमीटर के यात्रा में सड़क मार्ग से लगभग 60 से 90 मिनट के समय लागेला। इलेक्ट्रिक-एयर टैक्सी एह दूरी के 7 मिनट में तय कs ली।

मिडनाइट एयरक्राफ्ट तेजी से बैक-टू-बैक उड़ान परफॉर्म करे खातिर डिजाइन कइल गइल बा। ई अइसन इलेक्ट्रिक एयरक्राफ्ट हs जवन हेलीकॉप्टर के तरे वर्टिकल टेकऑफ आ लैंडिंग कs सकत बा। एकरा के ऑपरेट करे खातिर रनवे के जरूरत ना होला।

200 एयरक्राफ्ट किने खातिर फंड जुटावे के योजना

आर्चर के 200 इलेक्ट्रिक वर्टिकल टेकऑफ आ लैंडिंग (eVTOL) मिडनाइट एयरक्राफ्ट के खरीद खातिर फंड जुटावे के योजना बनावल गइल बा।

शहरी एयर टैक्सी सर्विस के अलावे लॉजिस्टिक्स, मेडिकल, इमरजेंसी आ चार्टर सर्विस खातिर इलेक्ट्रिक-एयरक्राफ्ट के इस्तेमाल करे के योजना बना रहल बिया।

Tags :
Air TaxiArcher AviationBhojpuri NewsElectric Air TaxiInteglobe Enterprises Archer Aviationinterglobe Enterprises
Advertisement
Next Article