For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

ईशान-सूर्या खेलले धमाकेदार पारी, रिंकू दिअवले टीम के रोमांचक जीत

05:35 AM Nov 24, 2023 IST | Minee Upadhyay
ईशान सूर्या खेलले धमाकेदार पारी  रिंकू दिअवले टीम के रोमांचक जीत
Advertisement

Advertisement

आस्ट्रेलिया के खिलाफ पांच मैच के टी-20 सीरीज के पहिला मैच में भारतीय टीम 2 विकेट से शानदार जीत दर्ज कईले बिया एकरा संगे टीम इंडिया अब सीरीज में 1-0 से बढ़त बना लेले बिया। एह मैच में भारतीय टीम के 209 रन के भारी स्कोर मिलल जवना के बाद भारत 19.5 ओवर में ई लक्ष्य हासिल कर लिहलस। कप्तान सूर्यकुमार यादव जहां 80 रन के शानदार पारी खेलले तs इशान किशन भी 39 गेंद में 58 रन के शानदार पारी खेलले, एकरा अलावे रिंकू सिंह 14 गेंद में 22 रन के रोमांचक नाबाद पारी खेलले।

यशस्वी आ रुतुराज जल्दी पवेलियन में लवट अइले

टीम इंडिया के एह मैच में 209 रन के बड़हन निशाना मिलल रहे, एकरा बाद भारत के उम्मीद रहे कि यशस्वी जायसवाल आ रुतुराज गायकवाड़ के शुरुआती जोड़ी से बड़हन पारी के उम्मीद रहे बाकिर पहिला ओवर के पाँचवा गेंद पs गायकवाड़ बिना पवेलियन में लवट अइले बिना खाता खोलले। भारत के पहिला झटका 11 के स्कोर पs मिलल। एकरा बाद जयसवाल भी 8 गेंद में 21 रन के पारी खेल के पवेलियन में वापस आ गईले, जवना में टीम इंडिया अपना दुनो शुरुआती बल्लेबाज के 22 रन के स्कोर से गंवा देले रहे।

सूर्य आ ईशान पारी संभाल के जल्दी से रन बनवले

दुनु शुरुआती बल्लेबाज पवेलियन में लवटला के बाद कप्तान सूर्यकुमार यादव आ ईशान किशन पारी के जिम्मा सम्हरले आ पहिला 6 ओवर में 2 विकेट के नुकसान से स्कोर 63 रन पर ले अइले। एकरा बाद दुनु जने तेजी से रन बनावत रहलें आ दस ओवर खतम भइला के बाद टीम इंडिया के स्कोर 2 विकेट के नुकसान में 106 रन पs चहुँप गइल। एकरा संगे भारत जीत के ओर कदम उठवले रहे। हालांकि 134 रन के स्कोर पs टीम इंडिया के तिसरका झटका ईशान किशन के रूप में मिलल जवन 39 गेंद में 58 रन के शानदार पारी खेलला के बाद तनवीर संघा के शिकार हो गइले।

रिंकू बड़ा जीत देले

कप्तान सूर्यकुमार के पवेलियन में वापसी के साथ ही भारतीय टीम अचानक एक छोर से तेज रफ्तार से विकेट गँवावे लागल। एकरा बाद रिंकू सिंह एक छोर से रन बनावे के प्रक्रिया जारी रखले। जेकरा बाद टीम इंडिया 19.5 ओवर में 2 विकेट से मैच जीत लिहलस। रिंकू 14 गेंद में 22 रन के नाबाद पारी में चार शानदार चौका मरले। आस्ट्रेलिया खातिर एह मैच में तनवीर संघा अपना चार ओवर में 2 विकेट ले लिहले।

आस्ट्रेलिया के पारी में इंग्लिश आ स्मिथ आपन ताकत देखवले

अगर एह मैच में आस्ट्रेलियाई टीम के पारी के बात कइल जाव तs जोश इंग्लिश 50 गेंद में 110 रन के शानदार पारी खेलले जबकि उनुका अलावे ओपनर के रूप में खेलत स्टीव स्मिथ 41 गेंद में 52 रन के बेहतरीन पारी खेलले । एह दुनु के पारी के आधार पs आस्ट्रेलियाई टीम 20 ओवर में 208 रन पs चहुँपे में सफल रहल। एह मैच में भारत खातिर प्रसिद्ध कृष्ण आ रवि बिश्नोई 1-1 के विकेट ले लिहले।

Tags :
Advertisement