टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

भारत के एशिया में बादशाहत बरकरार, चीन के घर में घुसके पीटलस, रिकॉर्ड पांचवां बेर बनल चैंपियन

10:34 AM Sep 18, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
भारत एशियन हॉकी चैंपियंस ट्रॉफी फाइनल में चीन के हरवलस।
Advertisement

भारत के एशियन हॉकी चैंपियंस ट्रॉफी में बादशाहत बरकरार बा। हरमनप्रीत सिंह के कप्तानी वाली भारतीय टीम फाइनल में मेजबान चीन के 1-0 से हरवलस। एकरा संगे भारत रिकॉर्ड पांचवां बेर ट्रॉफी पs कब्जा कs लेलस। छठा बेर फाइनल खेले उतरल भारतीय टीम के ओर से इकलौता गोल जुगराज सिंह कइलें।

Advertisement

भारत के ओर से ई गोल चउथा क्वार्टर में आइल। जुगराज सिंह मैच के 51वां मिनट में फील्ड गोल दगलें। टीम इंडिया डिफेंडिंग चैंपियन के हैसियत से टूर्नामेंट में उतरल रहे। भारतीय टीम अजेय रहत आपन खिताब बरकरार रखले बिया। पेरिस ओलंपिक 2024 के बाद भारतीय टीम के ई बड़ उपलब्धि बा। एह टूर्नामेंट में कइयन बेर सीनियर खिलाड़ियन के आराम दिहल गइल।

भारत (IND vs CHA) अजेय रहत फाइनल में प्रवेश कइले रहे। हरमनप्रीत सिंह (Harmanpreet Singh) के कप्तानी वाली भारतीय टीम सेमीफाइनल में दक्षिण कोरिया के जबकि चीन पाकिस्तान के हराके खिताबी मुकाबला में जगह बनवले रहे। भारत लीग में आपन सब पांच मैच जीतले रहे। जेमे चीन के खिलाफ 3-0 के जीत सामिल बा। चीन के टीम के पहिला बेर फाइनल के टिकट मिलल रहे। दुनो टीम एशियन चैंपियंस ट्रॉफी (Asian Champions Trophy 2024) में सातवां बेर भिड़ल रहे। एसे पहिले छव में से पांच में भारत विजयी रहल रहे, जबकि एगो मैच में चीन जीतले रहे। चीन 2006 में भारत के हरववले रहे। सुरुआती तीन क्वार्टर में दुनो टीम जबरदस्त खेल के प्रदर्शन कइले रहे।

भारत-चीन के रोड टू फाइनल

भारत लीग के अपना पहिला मैच में चीन के 3-0 से हरवले रहे, जबकि जापान के 5-1 ओहीजा मलेशिया के 8-1 से रउदले रहे। भारत साउथ कोरिया के 3-1 से मात देलस। ओहिजा, सेमीफाइनल में फेर इंडिया कोरिया के 4-1 से धोवलस। चीन के लीग में दु मैचन में जीत मिलल रहे, जबकि तीन गो मुकाबला ऊ गंववले रहे। सेमीफाइनल में शूटआउट में पाकिस्तान के पस्त कs के फाइनल में जगह बनवले रहे।

Tags :
Asian ChampionshipBhojpuri Newsfield hockeyFifth TitleIndia Beats ChinaIndia Vs China
Advertisement
Next Article