टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

पूर्वी लद्दाख से भारत-चीनी सेना के हटल सुरू: 4 दिन पहिले समझौता भइल, पेट्रोलिंग पs सहमति बनल

10:17 AM Oct 25, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
चीन के सीमा से लागल LAC पs तैनात भारतीय सेना- फाइल फोटो
Advertisement

पूर्वी लद्दाख सेक्टर में डेमचोक आ देपसांग से भारत आउर चीन के सैनिकन के वापसी सुरू हो गइल बा। 4 दिन पहिले के दुनो देसन के बीच बड़ समझौता भइल रहे। दुनो देसन के बीच भइल समझौतन के मोताबिक भारतीय सैनिक आपन गाड़ी, गोला-बारूद वापस ले आवल सुरू कs देले बा लो।

Advertisement

न्यूज एजेंसी ANI के मोताबिक भारतीय सैनिकन के वापसी के जानकारी सुक के मिलल। एकरा पहिले बिदेस मंत्री एस जयशंकर कहले रहस कि भारत आ चीन में सीमा पs 21 अक्टूबर के पेट्रोलिंग सिस्टम के लेके समझौता भइल बा। एसे मई, 2020 (गलवान टकराव) से पहिले के इस्थिति वापस आ जाई।

मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक 21 अक्टूबर के दुनो देसन के कोर कमांडर सबेरे 4:30 बजे फाइनल एग्रीमेंट पs दस्तखत कइले रहे लो। एकरा बाद से दुनो देसन के सेना छोट-छोट टुकड़ियन में पीछे हटे लागल रहे।

10 दिन के अंदर सुरू हो सकत बा पेट्रोलिंग

टाइम्स ऑफ इंडिया के एगो रिपोर्ट के मोताबिक सैनिक कुछ टेम्परेरी स्ट्रक्चर जइसन टेंट आ शेड हटा देले बा लो, पूरा तरे से वापसी में कुछ समय लागी। एक बेर वापसी के बाद पेट्रोलिंग सुरू होई। जदि सब कुछ ठीक रहल तs पेट्रोलिंग 10 दिन के भीतर सुरू हो सकत बा।

भारतीय सेना उम्मीद जतवले बिया कि सैनिक अब देपसांग में पेट्रोलिंग पॉइंट 10, 11, 11A, 12 आ 13 तक जा सकी लो। एमे नॉर्थ में दौलत बेग ओल्डी आ काराकोरम दर्रा के तरफ के 16 हजार फीट के ऊंचाई पs टेबल टॉप पठार सामिल बा।

एही तरे साउथ में डेमचोक के लगे चारडिंग निंगलुंग नाला ट्रैक जंक्शन से सैनिक हट रहल बा लो। ई उ इलाका हs जहां चीन के पीपुल्स लिबरेशन आर्मी  भारतीय इलाका में कुछ टेंट लगवले रहे लो।

साभार: दैनिक भास्कर

Tags :
Bhojpuri NewsIndia-China BorderIndia-China Border Dispute
Advertisement
Next Article