टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Maldives: भारत मालदीव के फेर देलस बड़ आर्थिक मदद, बिदेस मंत्री मूसा जमीर भारत के दरियादिली के भइलें मुरीद

12:16 PM Sep 20, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

भारत एक बेर फेर मालदीव के सरकार के बड़ आर्थिक मदद देत पांच करोड़ डॉलर के ट्रेजरी बिल के एक साल खातिर बढ़ा देले बा। मालदीव सरकार के अपील पs भारत ई डेग उठवलस। मालदीव में भारतीय उच्चायुक्त बियफे के ई जानकारी देलस। उच्चायोग के तरफ से जारी बयान में कहल गइल बा कि 'मालदीव सरकार के अपील पs स्टेट बैंक ऑफ इंडिया मालदीव के वित्त मंत्रालय के ओर से जारी ट्रेजरी बिल्स के मैच्योरिटी एक साल खातिर बढ़ा दिहल गइल बा। पहिले इनकर मैच्योरिटी 19 सितंबर के होखे के रहे।'

Advertisement

एह साल में मालदीव के दूसरका आर्थिक मदद

गौर करे वाला बात बा कि मई में मालदीव सरकार के खास अनुरोध पs पांच करोड़ डॉलर के ट्रेजरी बिल के पहिले रोलओवर के मंजूरी देले रहे। एह तरे एह साल ई भारत सरकार के मालदीव खातिर दूसरका रोलओवर हs। भारतीय उच्चायोग मालदीव के भारत के प्रमुख पड़ोसी आ भारत के 'पड़ोसी पहले' नीति के तहत महत्वपूर्ण साझेदार बतवलें। उच्चायोग कहलस कि भारत जरूरत के समय में मालदीव के सहायता कइले बिया आ ट्रेजरी बिल के एक साल खातिर रोलओवर बढ़ावल मालदीव के लोगन आ उहां के सरकार खातिर भारत के निरंतर समर्थन के दरसावत बा।

मालदीव के बिदेस मंत्री कइलस भारत के तारीफ

भारत के घोषणा पs प्रतिक्रिया व्यक्त करत मालदीव के बिदेस मंत्री मूसा जमीर भारतीय बिदेस मंत्री एस जयशंकर के प्रति आभार जतवलें आ कहलें कि 'भारत सरकार के घोषणा मालदीव आ भारत के बीच दोस्ती के स्थायी संबंध के प्रदर्शित करत बा। सोशल मीडिया मंच एक्स s साझा कइल गइल एगो पोस्ट में जमीर कहलें 'मालदीव के पांच करोड़ अमेरिकी डॉलर के ट्रेजरी बिल के रोलओवर के रूप में महत्वपूर्ण बजटीय सहायता प्रदान करे खातिर बिदेस मंत्री डॉ. एस जयशंकर आ भारत सरकार के हार्दिक आभार। ई उदार भाव मालदीव आ भारत के बीच दोस्ती के स्थायी बंधन के दरसावत बा।'

मालदीव के राष्ट्रपति मोहम्मद मुइज़ू के पदभार ग्रहण कइला के बादे से मालदीव आ भारत के संबंधन में बहुते उतार-चढ़ाव देखल गइल बा। मुइज्जू अपना शपथग्रहण के कुछ समय बादे मालदीव से भारतीय सैनिकन के निकाले के अल्टीमेटम दे दिहल गइल रहे। हालांकि, हाल के समय में मुइज्जू सरकार के रुख में नरमी आइल बा आ ऊ भारत के संगे अपना विवाद के सुलझावे के कोसिस कइले बा। हाल के समय में मुइज्जू कइयन बेर भारत के दौरा कs चुकल बाड़ें। ओहिजा, बीतल दिनन भारतीय बिदेस मंत्री एस जयशंकर ने मालदीव के दौरा कइलें रहस।

Tags :
Bhojpuri NewsindiaIndia Gives Support to MaldivMaldivesMusha Jameer
Advertisement
Next Article