For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

दूरसंचार क्षेत्र में आत्मनिर्भर बन रहल बा भारत, पीएलआई योजना से तीन बरिसन में 3,400 करोड़ के निवेश 

08:01 AM Jul 11, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
दूरसंचार क्षेत्र में आत्मनिर्भर बन रहल बा भारत  पीएलआई योजना से तीन बरिसन में 3 400 करोड़ के निवेश 
Advertisement

उत्पादन आधारित प्रोत्साहन (पीएलआई) योजना आ मेक इन इंडिया के दम पs देस दूरसंचार आ नेटवर्किंग उत्पादन के क्षेत्र में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के ‘आत्मनिर्भर भारत’ के सपना के साकार करे के दिशा में तेजी से बढ़ रहल बा। पीएलआई योजना के मदद से देस में तीन साल में दूरसंचार उपकरणन के विनिर्माण बिक्री 50,000 करोड़ रुपिया के उच्चतम स्तर के पार पहुंच गइल बा। केंद्र सरकार बुध के कहलस, ई देस खातिर बड़ उपलब्धि बा। एह बिक्री में करीब 10,500 करोड़ रुपिया के निर्यात सामिल बा।

Advertisement

पीएलआई योजना के मदद से दूरसंचार क्षेत्र तीन बरिस के एह अवधि में 3,400 करोड़ रुपिया के निवेश आकर्षित कइले बा आ 17,800 से जादे लोगन के प्रत्यक्ष आ अप्रत्यक्ष रूप से रोजगार देले बा। सरकार कहलस, आत्मनिर्भर भारत दृष्टिकोण के अनुरूप दूरसंचार आ नेटवर्किंग उत्पादन आ इलेक्ट्रॉनिक्स के बड़ पैमाना पs विनिर्माण खातिर पीएलआई योजना से देस में उत्पादन, रोजगार सृजन, आर्थिक वृद्धि आ निर्यात में उल्लेखनीय बढ़न्ती देखे के मिलल बा।

आयात आ निर्यात के बीच घटल अंतर

पीएलआई योजना के अलावे सरकार के आउर प्रयासन से दूरसंचार आयात आ निर्यात के बीच अंतर बहुते कम हो गइल बा। दूरसंचार उपकरण आ मोबाइल दुनो के मिलाके 2023-24 में 1.49 लाख करोड़ रुपिया के उत्पादन के निर्यात कइल गइल। एह अवधि में आयात 1.53 लाख करोड़ रुपिया से जादे रहल।

दूरसंचार व्यापार घाटा में आइल गिरावट

पीएलआई योजना आयातित दूरसंचार उपकरणन पs भारत के निर्भरता के करीब 60 फीसदी तक कम कs दिहल गइल बा। एसे देस कुछ उत्पादन में लगभग आत्मनिर्भर हो गइल बा। भारतीय निर्माता अब वैश्विक स्तर पs प्रतिस्पर्धा कs रहल बा लो। उत्तरी अमेरिका आ यूरोप के 5जी उपकरण निर्यात कs रहल बा। इहे वजह बा कि पिछिला पांच बरिसन में दूरसंचार क्षेत्र (दूरसंचार उपकरण आ मोबाइल) में बेयापार घाटा 68,000 करोड़ से कम होके 4,000 करोड़ रुपिया रह गइल बा।

मोबाइल फोन आयातक से निर्यातक बनल भारत

इलेक्ट्रॉनिक क्षेत्र में पीएलआई योजना के मदद से देस में मोबाइल फोन के उत्पादन आ निर्यात में बहुते तेजी आइल बा। भारत अब मोबाइल फोन आयातक से निर्यातक बन गइल बा। 2014-15 में देस में खाली 5.8 करोड़ मोबाइल फोन के उत्पादन होत रहे आ 21 करोड़ यूनिट आयात कइल जात रहे। 2023-24 में देस में मोबाइल फोन के उत्पादन बढ़के 33 करोड़ के स्तर पs पहुंच गइल। एह दौरान पांच करोड़ मोबाइल फोन के निर्यात कइल गइल।

मूल्य के लिहाज से 2014-15 में 1,556 करोड़ आ 2017-18 में 1,367 करोड़ रुपिया के निर्यात करे वाला भारत 2023-24 में 1,28,982 करोड़ रुपिया के मोबाइल फोन अलग- अलग देसन के बेचलस। मोबाइल फोन के आयातो 2014-15 के 48,609 करोड़ से घटके 2023-24 में खाली 7,665 करोड़ रुपिया रह गइल।

Tags :
Advertisement