टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

इंडिया मोबाइल कांग्रेस इवेंट आजु से, दिल्ली के प्रगति मैदान में पीएम मोदी करिहें उद्घाटन

09:43 AM Oct 27, 2023 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

आज इंडिया मोबाइल कांग्रेस 2023 (India Mobile Congress 2023) शुरू होखे जा रहल बा। देश के ई सबले बड़का टेक इवेंट दिल्ली के प्रगति मैदान में आयोजित कइल जा रहल बा। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी भारत मोबाइल कांग्रेस 2023 के उद्घाटन करीहें। प्रगति मैदान में ई कार्यक्रम तीन दिन ले चलत रही। इंडिया मोबाइल कांग्रेस के आयोजन भारतीय दूरसंचार विभाग आ सेल्युलर ऑपरेटर्स एसोसिएशन के ओर से कईल जाता।

Advertisement

बता दीं कि इंडिया मोबाइल कांग्रेस के ई सातवाँ संस्करण हs। एहमें भाग लेबे खातिर दुनिया भर के कई देशन के लोग दिल्ली चहुँप रहल बा। एगो रिपोर्ट के मुताबिक एकरा में करीब 32 देश के 1300 से जादे प्रतिनिधि भाग लीहे। एकरा संगे करीब 400 वक्ता भी एकरा में भाग ले रहल बाड़े।

IMC के सातवाँ संस्करण बहुते खास बा

टेक्नोलॉजी के दुनिया में इंडिया मोबाइल कांग्रेस एगो बड़ आयोजन हs। आईएमसी के ई सातवाँ संस्करण कई मायने में बहुते खास होखे वाला बा। एकरा में एगो विशेष कार्यक्रम भी शुरू कईल जाई जवन कि एस्पायर प्रोग्राम होई। एह एस्पायर कार्यक्रम में दूरसंचार आ डिजिटल क्षेत्र में रुचि राखे वाला युवा उद्यमी लोग के आपन बिजनेस शुरू करे में मदद कइल जाई। आईएमसी 2023 के बारे में आईटी मंत्री अश्विनी वैष्णव कहले रहले कि अब समय आ गईल बा कि भारत के टेक्नोलॉजी महाशक्ति के रूप में स्थापित कईल जाए।

आईएमसी 2023 तकनीक के कई क्षेत्र खातीर खास होखे वाला बा। एह में भारत में आवे वाली भविष्य के तकनीक के बारे में भी जानकारी दिहल जाई। आईएमसी 2023 में आर्टिफिशियल इंटेलीजेंस के लेके भी बड़ घोषणा हो सकता। एह आयोजन में जवना विषय पs चर्चा हो सकेला ऊ बा ब्रॉडकॉस्टिंग, 5जी के विस्तार, 6जी खातिर देश के तइयारी, ड्रोन तकनीक पs भी चर्चा कइल जा सकेला।

 

 

Tags :
India Mobile CongressPm Narendra ModiTech Newstech news in bhojpuri
Advertisement
Next Article