IND-W vs NZ-W Playing-11: भारत-न्यूजीलैंड के महिला टीमन के बीच तीसरा वनडे आज, जवन टीम जीती सीरीज ओकरा नाम
स्पोर्ट्स डेस्क (खबर भोजपुरी)। टी20 विश्व कप के ग्रुप दौर में हार के बाद भारतीय महिला क्रिकेट टीम पटरी पs लवटे खातिर संघर्ष कs रहल बिया। हरमनप्रीत कौर के टीम तीसरका आ अंतिम वनडे में मंगर के न्यूजीलैंड के सामने होई तs ओकरा सोझा घर में वर्चस्व बना के रखे आ सीरीज जीतल दोहरा चुनौती होई। न्यूजीलैंड के खिलाफ भारत घर में चउथा वनडे सीरीज खेल रहल बा। पिछला तीन सीरीज में भारत दुगो जीतल बा आ एगो ड्रॉ रहल बा। भारतीय टीम मंगर के जीतत बिया तs न्यूजीलैंड के खिलाफ घरेलू वनडे सीरीज में अपना वर्चस्व के बनाके रखी आ हारत बिया तs ओकरा पहिला बेर घरेलू धरती पs एह देस से वनडे सीरीज गंवावे के पड़ी। भारतीय टीम के चिंता के विषय ओकरा शीर्ष क्रम के रन से जूझल बा। भारत के ई सीरीज जीते खातिर अनुभवी न्यूजीलैंड के गेंदबाजन के सामने रन बनावे के होई।
एगो अर्धशतक तक नइखे लाग सकल
हरमनप्रीत कौर के दूसरला वनडे में वापसी जरूर हो गइल बा, बाकिर ऊ बल्ला से कवनो कमाल ना देखा पवली। ऊ 24 रन बनवली। खाली हरमनप्रीते ना बलुक बल्कि स्मृति मंधाना आ शैफाली वर्मा के बल्ला से रन नइखे निकल रहल। भारत के दुनो वनडे में अच्छा सुरुआत ना मिल पावल। स्मृति दुनो वनडे में दहाई के अंक तक नइखी छू पवले। ओहिजा, शैफाली कुछ आकर्षक स्ट्रोक के चमक बिखेर के जल्दिये आउट हो जा रहल बाड़ी। जेमिमा पहिला वनडे में 36 गेना में 35 रन बनवली, बाकिर ऊ बड़ पारी खेले में नाकाम रहल बाड़ी। एह सीरीज से वनडे में पदार्पण करे वाली तेजल हसबनिस पहिला वनडे में 42 रन बनवली, दीप्ति पहिला वनडे में 41 रन के पारी खेलली, बाकिर भारत के बड़े स्कोर खातिर बड़ पारी के जरूरत बा। दुनो वनडे में अभी ले कवनो भारतीय बल्लेबाज अर्धशतक नइखे लगा पावल।
राधा कइले बाड़ी प्रभावित
गेंदबाजी में जरूर भारत के प्रदर्शन अच्छा रहल बा। खासतौर पs बायां हाथ के स्पिनर राधा यादव प्रभावित कइले बाड़ी। ऊ पहिला वनडे में 35 पs तीन आ दूसरका वनडे में 69 रन पs चार विकेट लेली। राधा खाली गेना से बा बलूक बल्ले आ क्षेत्ररक्षण से प्रभाव छोड़ले बा। ऊ दूसरका वनडे में तीन कैच लेलें, जेमे दुगो कैच बहुत सानदार बा। एही वनडे में ऊ 48 रन के पारी खेलले, जवन अभी ले एह सीरीज में भारतीय बल्लेबाज के सर्वाधिक स्कोर बा। भारत दूसरका वनडे में 108 रन पs 8 विकेट खो देले रहे, बाकिर राधा आ साइमा नउवा विकेट खातिर 102 गेना में 70 रन के रिकॉर्ड साझेदारी कइलें। वनडे पदार्पण करे वाली साइमा पहिला वनडे में अपना मध्यम गति के गेना से प्रभावित कइलें आ 26 रन पs दुगो विकेट लेलें। दीप्ति पहिला वनडे में 35 पs एगो आ दूसरका में 30 रन पs दु विकेट लेलें।
अनुभवी बेट्स, डिवाइन बिखेरली बाड़ी चमक
न्यूजीलैंड के टीम पहिला बेर टी20 विश्व चैंपियन बनला के उत्साह से लबरेज बिया। दूसरका वनडे में ओकरा प्रदर्शन से ई साफ देखाई देलस। खासतौर पs अनुभवी 37 वर्षीय सूजी बेट्स आ 35 वर्षीय कप्तान सोफी डिवाइन के प्रदर्शन केहूओ खातिर हैरत के विषय हो सकत बा। बेट्स दूसरका वनडे में 58 आ डिवाइन 79 रन के पारी खेलके न्यूजीलैंड के विजई बनवली। दुनो के एह उमिर में मैदान पs समर्पण आ जूझे के क्षमता प्रेरित करे वाला बा। डिवाइन तs अर्धशतक लगवला के संगे तीन विकेट लेली। 34 बरिस के लिया ताहूहू उदाहरण पेश करत 42 रन पs 3 विकेट लेले। ऊ 120 किलोमीटर प्रतिघंटा के रफ्तार निकलले बाड़ी। न्यूजीलैंड खातिर ओपनर जॉर्जिया प्लिमर अच्छी बल्लेबाजी कइले बाड़ी। ऊ पहिले वनडे में 25 आ दूसरका में 41 रन के पारी खेलले बाड़ी।
एमेलिया ना रहिहें मवजूद
टी20 विश्व कप में 15 विकेट लेके न्यूजीलैंड के विजय में अहम भूमिका निभाने वाला एमेलिया केर दूसरका वनडे में सीरीज से बाहर हो चुकल बाड़ी। एमेलिया पहिला वनडे में चार विकेट लेले रहली। बावजूद एकरा दूसरका वनडे में भारत एकर फायदा ना उठा सकल। एमेलिया के बहन जेस केर अच्छा गेंदबाजी करत दु मैचन में पांच विकेट लेले बा। ओहिजा ऑफ स्पिनर इडेन कारसन दुनो मैचन में आपन प्रभाव छोड़े के क्रम जारी रखले बा।
संभावित प्लेइंग-11
भारतीय महिला टीम: शेफाली वर्मा, स्मृति मंधाना, यास्तिका भाटिया (विकेटकीपर), हरमनप्रीत कौर (कप्तान), जेमिमा रोड्रिग्स, तेजल हसाबनिस, दीप्ति शर्मा, राधा यादव, अरुंधति रेड्डी, साइमा ठाकोर, प्रिया मिश्रा।
न्यूजीलैंड महिला टीम: सुजी बेट्स, जॉर्जिया प्लिमर, लॉरेन डाउन, सोफी डिवाइन (कप्तान), ब्रुक हॉलिडे, मैडी ग्रीन, इसाबेला गेज (विकेटकीपर), जेस केर, ली ताहुहु, ईडन कार्सन, फ्रान जोनास।