For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

भारत के इकलौता शख्स, जेकरा लगे बा खुद के ट्रेन

01:40 PM Aug 28, 2024 IST | Minee Upadhyay
भारत के इकलौता शख्स  जेकरा लगे बा खुद के ट्रेन
Advertisement

Advertisement

रेलवे आपकी संपत्ति है…’ हो सकेला कि रउरा ई एलान कई बेर रेलवे स्टेशनन पs सुनले होखब बाकिर एकर मतलब ई ना होला कि रउरा रेलवे के मालिक बन गइल बानी भा पूरा ट्रेन राउर हs आ रउरा अपना एह ‘संपत्ति’ से रउरा जवन मन करे कs सकीलें. भारतीय रेलवे आ ओकर संपत्ति भारत सरकार के हs। भारत सरकार ओकर मालिक हs, बाकीर देश में एगो अइसन व्यक्ति भी बा जे पूरा ट्रेन के मालिक बन गईल रहले। कुछ साल पहिले के बात हs, जब एगो आदमी पूरा रेलवे ट्रेन के मालिक बन गईल रहे। ई कवनो धोखाधड़ी भा फर्जी ना हs बाकिर ई कानूनी मुहर लगा के भइल.

भारत में उs एकमात्र अइसन व्यक्ति रहले जिनकर संपत्ति ट्रेन रहे। अगर रउरा सोचत बानी कि ऊ आदमी देश के सबसे अमीर उद्योगपति मुकेश अंबानी भा अडानी ग्रुप के मालिक गौतम अडानी भा कवनो बड़हन उद्योगपति हउवें तs रउरा गलती करत बानी. कवनो शीर्ष अधिकारी भा बड़का व्यापारी ना बलुक एगो साधारण किसान पूरा ट्रेन के मालिक बन गइल.  देश के अरबपति आ करोड़पति लोग के आपन निजी जेट, जहाज, करोड़ों के कार बा, बाकिर केहू के लगे आपन प्राइवेट यात्री ट्रेन नईखे।

हम जवना आदमी के बात करत बानी ओकर नाम संपूर्ण सिंह हs.पंजाब के लुधियाना के कटाणा गांव में रहे वाला एगो साधारण किसान पूरा ट्रेन के मालिक बन गईल रहे। मामिला साल 2017 के बा। जब एक दिन उs अचानक दिल्ली-अमृतसर स्वर्ण शताब्दी एक्सप्रेस, दिल्ली से अमृतसर जाए वाली ट्रेन के मालिक बन गईले।

असल में साल 2007 में रेलवे किसानन के जमीन लुधियाना-चंडीगढ़ रेल लाइन बनावे खातिर खरीदले रहे। ओह घरी संपूर्ण सिंह के जमीन भी रेल लाइन के बीच में आवत रहे। रेलवे आपन जमीन 25 लाख रुपिया प्रति एकड़ में हासिल कs लेले रहे। सब ठीक रहे, बाकीर कुछ दिन बाद मामिला तब अटक गईल जब संपूर्ण सिंह के पता चलल कि रेलवे के ओर से बगल के गांव में ओतने बड़ जमीन 71 लाख रुपिया प्रति एकड़ में हासिल कs लेले बा।

संपूर्ण सिंह रेलवे के एह दोहरी मापदंड के खिलाफ कोर्ट में पहुंच गईले। सुनवाई के बाद कोर्ट रेलवे के मुआवजा के रकम 25 लाख से बढ़ा के 50 लाख करे के आदेश दिहलस, जवना के बाद में बढ़ा के 1.47 करोड़ कs दिहल गईल। कोर्ट नार्थ रेलवे के इs भुगतान संपूर्ण सिंह के साल 2015 ले करावे के आदेश दिहलस। बाकीर रेलवे मात्र 42 लाख रुपिया देले रहे, जबकि रेलवे 1.05 करोड़ रुपिया वापस ना कs पवलस।

कोर्ट के आदेश के बाद रेलवे मुआवजा के रकम ना दे पवलस, जवना के बाद साल 2017 में जिला अवुरी सत्र न्यायाधीश जसपाल वर्मा ट्रेन के लुधियाना स्टेशन पs अटैच करे के आदेश देले। एकरा संगे स्टेशन मास्टर के कार्यालय जब्त करे के आदेश भी दिहल गईल। कोर्ट के आदेश के बाद किसान संपूर्ण सिंह स्टेशन पs पहुंचले अवुरी ओ समय उहाँ मौजूद ट्रेन अमृतसर स्वर्ण शताब्दी एक्सप्रेस के संलग्न कs के ओ ट्रेन के मालिक बन गईले।

एह तरह से संपूर्ण सिंह भारत में एकमात्र अइसन व्यक्ति बन गइलन जे ट्रेन के मालिक रहले. हालांकि कुछ समय में सेक्शन इंजीनियर कोर्ट के अधिकारी के माध्यम से ट्रेन के मुक्त कs देले। खबर के मुताबिक इs मामिला अबे ले कोर्ट में लंबित बा।

Tags :
Advertisement