टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Retail Inflation: मई में खुदरा महंगाई दर 12 महीना के निचिला स्तर पs, 4.75 प्रतिशत पs पहुंचल आंकड़ा

10:26 AM Jun 13, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

देस के खुदरा मुद्रास्फीति मई में सालाना आधार पs घटके 12 महीना के निचिला स्तर 4.75 प्रतिशत पs पहुंच गइल। ई पिछिला महीना माने अप्रिल में 11 महीना के निचिला स्तर 4.83 प्रतिशत रहे। सरकार के ओर से जारी आंकड़न के मोताबिक खुदरा महंगाई दर भारतीय रिजर्व बैंक (आरबीआई) के 2-6 फीसदी के सहिष्णुता दायरा में बनल बा। सांख्यिकी आ कार्यक्रम कार्यान्वयन मंत्रालय (एमओएसपीआई) के ओर से जारी आंकड़न के अनुसार क्रमिक आधार पs मुद्रास्फीति के दर मई में 0.48 प्रतिशत पs अपरिवर्तित रहल।

Advertisement

सरकार के आंकड़न के अनुसार खाये-पीये के कीमत कम भइल 

मई में खाद्य मुद्रास्फीति के दर अप्रिल के 8.75 प्रतिशत से घटके मई में 8.62 प्रतिशत हो गइल। हालांकि, ई आंकड़ा मई 2023 के खाद्य महंगाई दर 3.3 प्रतिशत से जादे बा। ग्रामीण मुद्रास्फीति मई में घटके 5.28 प्रतिशत रह गइल, जवन पहिले 5.43 प्रतिशत रहे। एह बीच, मई में शहरी मुद्रास्फीति के दर 4.15 प्रतिशत रहल।

जनवरी 2024 से मई 2024 तक के खुदरा महंगाई के आंकड़ा

कब जारी भइल (कब के आंकड़ा)महंगाई दरपूर्वानुमानपिछला महीना के दर
जून 2024 (मई)4.75%4.90%4.83%
मई 2024, (अप्रैल)4.83%4.80%4.85%
अप्रैल 2024 (मार्च)4.85%4.91%5.09%
मार्च 2024 (फरवरी)5.09%5.02%5.10%
फरवरी 2024 (जनवरी)5.10%5.09%5.69%

 

फल आ सब्जियन के कीमतन में मामूली कमी

फलन और सब्जियन के मुद्रास्फीति अप्रिल के 27.8 प्रतिशत से घटके मई में सालाना आधार पs 27.3 प्रतिशत पs आ गइल। अनाज आ दालन के कीमत जवन भारत के मुख्य आहार के एगो महत्वपूर्ण हिस्सा हs, मुद्रास्फीति के दर क्रमशः 8.69 प्रतिशत आ 17.14 प्रतिशत पs आ गइल। ईंधन के ममिला में मुद्रास्फीति दर मई में घटके 3.83 प्रतिशत रह गइल, जबकि अप्रिल में एमे 4.24 प्रतिशत के गिरावट आइल रहे। कपड़ा आ जूता आउर हाउसिंग सेक्टर खातिर मुद्रास्फीति दर मई में क्रमशः 2.74 प्रतिशत आ 2.56 प्रतिशत रहल।

एमपीसी के बैठक के बाद आरबीआई गवर्नर महंगाई पs कइले रहस ई टिप्पणी

जून के मौद्रिक नीति समिति (एमपीसी) के बैठक के फैसलन के बारे में बतावत भारतीय रिजर्व बैंक (आरबीआई) के गवर्नर शक्तिकांत दास कहले रहस कि भारत के मुद्रास्फीति चार प्रतिशत के अपना लक्ष्य के करीब पहुंच रहल बिया। हालांकि, ऊ स्पष्ट रूप से कहलें कि केंद्रीय बैंक चाहता बा कि ई प्रक्रिया क्रमिक होखे आ टिकाऊ आधार पs होखे। एमपीसी के बैठक के बाद दास मुद्रास्फीति के हाथी बतावले रहस आ कहले रहस के जून के बैठक के दौरान ई बहुत धीरे-धीरे जंगल में लवटता दिखल। ओह दौरान, अपना अनुमानन में भारतीय रिजर्व बैंक वित्त बरिस 2025 खातिर मुद्रास्फीति के लक्ष्य के 4.5 प्रतिशत पs अपरिवर्तित छोड़ देले रहे। वित्त बरिस 2024 में मुद्रास्फीति दर केंद्रीय बैंक के पूर्वानुमान के अनुरूप 5.4 प्रतिशत रहे।

अप्रिल में औद्योगिक उत्पादन सूचकांक घटके 5% रह गइल 

सांख्यिकी आ कार्यक्रम कार्यान्वयन मंत्रालय (एमओएसपीआई) के ओर से जारी आंकड़न के अनुसार औद्योगिक उत्पादन सूचकांक (IIP) अप्रिल में घटके पांच प्रतिशत रह गइल, जवन तीन महीना के निचला स्तर हs।मार्च में ई 5.4 प्रतिशत रहे। सरकार एगो प्रेस विज्ञप्ति में कहलस कि अप्रिल 2023 में आईआईपी वृद्धि दर 4.6 प्रतिशत दर्ज कइल गइल। आईआईपी के पिछिला उच्चतम स्तर अक्टूबर 2023 में 11.9 प्रतिशत दर्ज कइल गइल रहे, ई नवंबर में घटके 2.5 प्रतिशत, दिसंबर में 4.2 प्रतिशत आ जनवरी 2024 में 4.1 प्रतिशत दर्ज कइल गइल।

Tags :
Bhojpuri NewsGDPIndustrial ProductionRetail Inflation
Advertisement
Next Article