For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

बांग्लादेश में अशांति के कारन भारत के कपड़ा उद्योग भइल प्रभावित, स्थिति जल्दिए सामान्य होखे के उम्मीद: सीतारमण

08:02 AM Aug 11, 2024 IST | Minee Upadhyay
बांग्लादेश में अशांति के कारन भारत के कपड़ा उद्योग भइल प्रभावित  स्थिति जल्दिए सामान्य होखे के उम्मीद  सीतारमण
Advertisement

Advertisement

वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण शनिचर के दिने कहली कि बांग्लादेश में राजनीतिक उथल-पुथल आ अशांति के बीच भारत के कपड़ा आ परिधान क्षेत्र में कुछ अनिश्चितता आइल बा बाकिर अबहीं ई बतावल अबहीं जल्दी बा कि एकर पूरा असर अर्थव्यवस्था पs का पड़ी. उम्मीद जतवली कि उहाँ के अंतरिम सरकार जल्दिए समस्या के समाधान कs दिही। उs कहली कि भारतीय व्यापारी बेहतर भरोसा के संगे बांग्लादेश में निवेश कईले बाड़े अवुरी एकरा चलते निर्यात बढ़ल बा अवुरी बांग्लादेश में अवुरी रोजगार के सृजन भईल बा।

बांग्लादेश के अर्थव्यवस्था में उछाल मिलल 

उ कहली कि भारत के कम आय वाला देश में उदार आयात के अनुमति देवे के नीति से बांग्लादेश के अर्थव्यवस्था में विकास के बढ़ावा देवे में भी मदद मिलल बा। वित्त मंत्री कहली कि, हमरा उम्मेद बा कि बांग्लादेश के नाया शासन एs समस्या के जल्दी से जल्दी समाधान कs दिही, ताकि बांग्लादेश अवुरी भारत के लोग अपना सामान्य स्थिति में वापस आ सके। संगही उs कहली कि विदेश मंत्री संसद में बयान देले बाड़ी कि भारत बांग्लादेश सीमा पs आपन सुरक्षा बढ़ा देले बा।

बांग्लादेश से निर्यात में भी बढ़ोतरी भईल

भारतीय निवेश के बारे में उs कहली कि खास तौर पs तमिलनाडु के कपड़ा उद्योग सद्भावना से उहाँ निवेश कईले बा अवुरी उहाँ बढ़िया प्रदर्शन कईले बा। वित्त मंत्री कहली कि, 'शुल्क अवुरी कोटा के मामला में हमनी के कम आय वाला देश के प्रति जवन उदार रुख अपनावले बानी, ओकरा चलते बांग्लादेश से निर्यात में भी बढ़ोतरी भईल बा। उs लोग (बांग्लादेश में स्थित भारतीय परिधान उद्योग) भारत में भी निर्यात कs सकतारे, उs कहली कि पड़ोसी देश में संकट के चलते खास तौर पs परिधान अवुरी बुनाई के कपड़ा के क्षेत्र में कुछ अनिश्चितता बा।

Tags :
Advertisement