टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

भारत चेन्नई टेस्ट में बांग्लादेश के 280 रन से हरवलस : अश्विन के शतक आ 6 विकेट लेलें

11:52 AM Sep 22, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

टीम इंडिया बांग्लादेश के खिलाफ पहिला टेस्ट 280 रन से जीत लेले बिया। भारतीय टीम अतवार के 515 रन के टारगेट चेज कs रहल बांग्लादेश के दूसरका पारी में 234 रन पs ऑलआउट कs देलस।

Advertisement

टीम दु टेस्ट के सीरीज में 1-0 के बढ़त हासिल कs लेले बा। दूसरका मुकाबला 27 सितंबर से कानपुर के ग्रीन पार्क स्टेडियम में खेलल जाई। एह जीत के हीरो रविचंद्रन अश्विन रहलें। ऊ 6 विकेट झटकलें। संगही पहिला पारी में 113 रन बनवलें। बांग्लादेश के ओर से कप्तान नजमुल हसन शांतो (82 रन) अर्धशतक जमवलें।

बांग्लादेशी टीम 158/4 के स्कोर से खेलल सुरू कइलस। शांतो 51 आ शाकिब 5 रन से अपना-अपना पारी के आगे बढवलें। शांतो 82 आ शाकिब 25 रन बनाके आउट भइल लो। भारतीय कप्तान रोहित शर्मा दूसरका पारी 4 विकेट पs 287 रन पs घोषित कइलें आ बांग्लादेश के 515 रन के टारगेट देलस। टीम इंडिया पहिला पारी में 376 रन बनवले रहे। जवाब में बांग्लादेश के पहिला पारी 149 रन पs सिमट गइल रहे।

Tags :
Bhojpuri NewsChennai Testcricket newsIND Vs BANIndia Beats BangladeshR AshwinRishabh PantShubhman Gill
Advertisement
Next Article