For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

IND vs BAN: टीम इंडिया एह प्लेयर्स के अब एंट्री मुश्किल, लेवे के पड़ सकेला रिटायरमेंट

02:56 PM Sep 09, 2024 IST | Minee Upadhyay
ind vs ban  टीम इंडिया एह प्लेयर्स के अब एंट्री मुश्किल  लेवे के पड़ सकेला रिटायरमेंट
पुजारा आ अजिंक्य रहाणे के नाहीं भइल टीम में एंट्री: फोटो
Advertisement

Advertisement

भारत आ बांग्लादेश के बीच होखे वाला एह सीरीज के पहिला मैच खातिर भारतीय टीम के एलान कइल गइल बा. हालांकि एह सीरीज में दू गो टेस्ट मैच बा बाकिर बीसीसीआई चयन समिति एह घरी एह टीम के महज एगो मैच खातिर चुनले बिया. मतलब कि दुसरका मैच खातिर टीम के एलान बाद में हो जाई. ओने अब लगभग पुष्टि हो गइल बा कि कबो टेस्ट टीम इंडिया के स्तंभ रहल दू गो खिलाड़ियन के अंतर्राष्ट्रीय करियर अब खतम हो गइल बा. संभव बा कि जल्दिए उनुका रिटायरमेंट के एलान भी हो सकेला.

दिलीप ट्रॉफी खातिर बीसीसीआई जब चार गो टीम के चयन कइलस तs ओह टीम में अजिंक्य रहाणे आ चेतेश्वर पुजारा के नाम शामिल ना भइल. एकरा बाद एह दुनों के लेके तरह तरह के अटकलबाजी होखे लागल। भारतीय टीम में करीब 15 खिलाड़ी के चयन होखेला, बाकिर दिलीप ट्रॉफी खातीर करीब 50 खिलाड़ी के चयन भईल, जदी कवनो खिलाड़ी भारत के टॉप 50 में आपन जगह नईखे बना पावत तs भारतीय टीम में उनुकर प्रवेश लगभग असंभव बा. हालांकि उम्मीद रहे कि अजिंक्य रहाणे आ पुजारा के बांग्लादेश के खिलाफ खेलत देखल जा सके.

अचानक बीसीसीआई चयन समिति टीम के घोषणा कईलस

हालांकि संभावना रहे कि बीसीसीआई के चयन समिति सोमार के दिने टीम के एलान कs दी बाकिर जइसहीं द​लीप ट्रॉफी के पहिला मैच खतम हो गइल. टीम के एलान अतवार का साँझ खुदे भइल. जबकि अजिंक्य रहाणे आ चेतेश्वर पुजारा मिडिल ऑर्डर में खेलेलें तs शुभमन गिल, सरफराज खान आ केएल राहुल जइसन खिलाड़ियन के चुनल गइल बा. मतलब अब पुजारा आ रहाणे के टीम इंडिया में वापसी लगभग असंभव हो गइल बा.

बांग्लादेश के खिलाफ पहिला टेस्ट खातीर टीम इंडिया: रोहित शर्मा (कप्तान), यशस्वी जयसवाल, शुभमन गिल, विराट कोहली, केएल राहुल, सरफराज खान, ऋषभ पंत (विकेटकीपर), ध्रुव जुरेल (विकेटकीपर), आर अश्विन, आर जड़ेजा, अक्षर पटेल, कुलदीप यादव, मोहम्मद। सिराज, आकाश दीप, जसप्रित बुमराह, यश दयाल।

Tags :
Advertisement