टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

India vs Ireland: Rohit Sharma न्यूयॉर्क में जड़ले अनोखा ‘शतक’, बनले अइसन कारनामा करे वाला पहिला भारतीय बैटर

02:26 PM Jun 06, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

India vs Ireland: टी20 विश्व कप 2024 में भारतीय टीम के ओपनिंग मैच में आयरलैंड के खिलाफ रोहित शर्मा के बल्ला जमके गरजल। रोहित 52 रन के पारी खेलले। उनकर एह पारी के मदद से भारतीय टीम आयरलैंड के ओपनिंग मैच में 8 विकेट से रौंदलस आ जीत के साथे अपना अभियान के आगाज कइलस। रोहित एह मैच के दौरान कई रिकॉर्ड्स अपना नांवे कइले।

Advertisement

भारतीय टीम T20 World Cup 2024 में आपन अभियान के आगाज जीत के साथ कइलस। टीम इंडिया न्यूयॉर्क के नासाऊ काउंटी इंटरनेशनल क्रिकेट स्टेडियम में आयरलैंड के 8 विकेट से धूल चटवलस। एह मैच में आयरलैंड के टीम 96 रन पs ऑलआउट हो गइल रहे।

एकरा जवाब में भारतीय टीम 12.2 ओवर में लक्ष्य हासिल कऽ लेलस। टीम इंडिया के ओर से कप्तान रोहित शर्मा (Rohit Sharma) के बल्ला खूब गरजल। उऽ 37 गेंदन के सामना करत घरी 52 रन के पारी खेलले। एही दौरान रोहित कई गो रिकॉर्ड्स अपना नांवे कइले। रोहित शर्मा इंटरनेशनल क्रिकेट में 600 सिक्स जड़े वाला दुनिया के पहिला बैटर बनले।

Rohit Sharma बनले अइसन कारनामा करे वाला पहिला भारतीय बैटर

दरअसल, आयरलैंड के खिलाफ भारतीय टीम के कप्तान रोहित शर्मा 52 रन के पारी खेलले। 52 रन बनइला के बाद रोहित रिटायर्ड हर्ट भइले। रोहित अपना पारी में 4 चौका आ 3 छक्का लगवले। 3 छक्का लगावे के साथही रोहित शर्मा एगो खास रिकॉर्ड अपना नांवे कर लेले। रोहित इंटरनेशनल क्रिकेट के इतिहास में 600 छक्का मारे वाला दुनिया के पहिलका बल्लेबाज बन गइल बाड़े।

रोहित 472 इंटरनेशनल मैच खेलके 600 छक्का पूरा कइले। उहे, एह मामला में दूसरका नंबर पs क्रिस गेल बाड़े, गेल के नांवे इंटरनेशनल क्रिकेट में कुल 553 छक्का दर्ज बा।

अतने ना, इंटरनेशनल क्रिकेट में 600 सिक्स जड़े वाला रोहित शर्मा पहिला भारतीय बैटर बनले। बता दी कि सबसे पहिले 100 छक्का पूरा करे के रिकॉर्ड क्लाइव लॉयड के नांवे दर्ज बा। उहे, 200 छक्का पूरा करे के रिकॉर्ड सबसे पहिले विव रिचर्ड्स के नांवे रहे। 300 छक्का सबसे पहिले जयसूर्या पूरा कइले। उहे, अब 600 छक्का लगावे के रिकॉर्ड अब सबसे पहिले रोहित शर्मा पूरा कइले बाड़े।

एकरा अलावा रोहित शर्मा अइसन पहिला भारतीय हैटर बनले, जे आईसीसी टूर्नामेंट में 100 सिक्स अपना नांवे कइले। रोहित दूसरका भारतीय बनले, जे टी20 इंटरनेशनल में 4000 रन के आंकड़ा पूरा कइलस।

Tags :
cricket matchCricket World CupROHIT SHARMARohit Sharma (captain)sports rohit sharma
Advertisement
Next Article